सातवां कक्षा के लईका बना देहलस हवाई जहाज

0
1221
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

देश में प्रतिभा के कमी नइखे और प्रतिभा वहां भी दिख जाला जहां सुविधा के अभाव बा। हम आपसबे के अइसन होनहार बच्चा के कौशल से रूबरू करावे जा रहल बानी जवन तीन साल के मेहनत के बल पर हवाई जहाज बनवले बा। जब इ जहाज शहर के रोडवेज परिसर में कवनों बड़ जहाज के तरह उड़ान भरलस त देखे वालन के भारी भीड़ उमड़ पड़ल। आपन इलाके के इ होनहार बेटा पर सबके नाज बा…. सब लोग ओकर प्रतिभा के सलाम कर रहल बारन।

जौनपुर जिला से करीब 35 किलोमीटर दूर खाखोपुर गांव बा। जवन इ जहाज के बनावे वाला दीपक के गांव ह। दीपक कक्षा 7 के छात्र बा। दीपक के बचपन से ही हवाई जहाज बनावे के शौक रहे। उ तीन साल पहिले गूगल पर सर्च करके हवाई जहाज बनावे के तरीका सीखलस और ओकरा बाद जहाज बनावे के तैयारी में जुट गइल। आपन बेटा के प्रतिभा के पहचानते  हुए पिता रामधारी पटेल भी बेटा के पूरा साथ दिहलन….. बेटा के कहला पर ऊ दिल्ली से इलेक्ट्रानिक सामान मंगाकर देवत रहलन….. आज बेटा के सफलता पर उनका नाज बा….

इ महज एक शुरुआत बा। दीपक बड़ा जहाज बनावे के भी इच्छा रखेला। जरुरत बा इ हुनर के प्रोत्साहन के ।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here