समधी के साथे शराब पीयत में पकड़ा गईलें ‘लालू यादव’

0
424
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

बिहार के मुखिया नीतीश कुमार हमेशा से चाहेलें कि शराबबंदी कानून पूरा बिहार में सख्ती से लागू होखे। डीजीपी गुप्तेश्वर पाण्डेय भी एकरा खातिर अथक प्रयास करेलें। लेकिन लालू यादव के एह बात से कवनो फर्क नाही पड़ेला। घबराई मत, ई दूसरका वाला लालू यादव हवें। ई पटना के शास्त्रीनगर थाना के एएसआई लालू यादव हवें जिनके शराब पीये आउर पिलावे से कवनो फर्क नाही पड़ेला।

शास्त्रीनगर थाना के एएसआई लालू यादव के शराब पीये आउर पिलावे के शौक बा आउर शराबबंदी कानून के बावजूद भी उनकर ई शौक छूटल नईखे। शराब पिये के शौकिन लालू यादव के घरे जब उनकर समधी अईलें त जमके आदर सत्कार भईल। लेकिन जब बात एतने से नाही बनल त समधीजी शराब सेवन के इच्छा जाहिर कर दिहलें। फिर का, एएसआई लालू यादव शास्त्रीनगर थाना के पुलिसकर्मी आउर क्विक मोबाइल पर तैनात पवन के शराब लावे के आदेश दे दिहलें लेकिन ई दूनू पुलिसकर्मी एगो बड़हन गलती कर दिहलें। शराब पीये खातीर जवना जगह के चुनलें ऊ पाटलिपुत्र थाना क्षेत्र में पड़ेला। खटाल में बैठके जैसे ही तीनों शराब पीयल शुरू कईलें वैसे ही मौका पर पुलिस पहुँच गईल।

पुलिस जब नशा में टल्ली हो गईल एएअसाई लालू यादव, समधी नागेंद्र यादव आउर पुलिस कांस्टेबल के पकड़लस तब दूनू आपन परिचय देवे लगलें। नशा के हालत में तीनों के थाने लावल गईल। एह पुलिसकर्मियन के गिरफ्तारी से पुलिस महकमा में हड़कंप मच गईल बा। मामला के जानकारी पटना पुलिस प्रशासन के आला अधिकारी के दे दिहल गईल बा। पटना के एसएसपी उपेन्द्र शर्मा कहलन कि कानून आपन काम करी आउर फिर कार्रवाई कईल जाई।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here