लालू के लाल के नया लीला

0
637
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

बिहार के पूर्व सीएम लालू यादव के बड़ बेटा तेज प्रताप यादव भले अपना राजनीतिक चहल पहल के लेके चर्चा में ना रहेलन लेकिन अपना नया नया अवतार के लेके ट्रेंड में बनल रहेलन। अउरी इहे वजह से अक्सर सोशल मीडिया पर छा जालन। अपना इच्छा शक्ति से कबो भोला शंकर बन जालन, त कबो कृष्ण-कन्हैया बनके बाँसुरी बजावे लागेलन।

अबकी त गो ग्रीन से इन्सपायर्ड होके तेज प्रताप ग्रीन अवतार धारण कईले बाड़न। ग्रीन टोपी, ग्रीन जैकेट में उनकरा के देखके आपो लोग के मन हरिहर हो जाये वाला बा। अपना एह लुक के फोटो तेज प्रताप यादव अपना ट्विटर हैंडल पर शेयर कईले बाड़न। तस्वीर में तेज प्रताप यादव हरा रंग के जैकेट आउर हरा रंग के टोपी पहिनले नजर आव ताड़न। आउर अपना माथे पर लाल रंग के टीका भी लगईले बाड़न। एतने ना तेज प्रताप आपन बाल भी बढ़ा लेले बाड़न। बतावल जाता उनकर ई तस्वीर राजद के राष्ट्रीय कार्यकारिणी के बैठक के समय के हवे। बैठक के बाद तेज प्रताप इ फोटो अपना ट्विटर पर शेयर कईलन।

तेज प्रताप बैठक के संबंध में एगो ट्वीट कईलन आउर लिखलन, राजद के राष्ट्रीय कार्यकारिणी बैठक में अगला साल बिहार के कुरुक्षेत्र में आपन अर्जुन तेजस्वी के विजयी रथ पर सवार करावे के संकल्प ले तानी।

 

लम्बा बाल आउर सिर पर ग्रीन रंग के टोपी पहिनला के वजह से कुछ लोग उनकर तुलना रणवीर कपूर के “रॉकस्टार” वाला किरदार से कर देहल त कुछ लोग उनकर तुलना हॉलीवुड एक्टर रयान रोडनी रोनॉल्ड्स के “ग्रीन लैंटर्न” वाला किरदार से कर देहल।

एगो यूजर लिखलस, “अगर केहू कव्वाली कार्यक्रम करावे के चाहता त तेज भइया से संपर्क करे।”

दूसरा तरफ, एगो ट्विटर यूजर लिखलस, ‘बिगबॉस मैटेरियल ह।”

बिहार के पूर्व स्वास्थ्य मंत्री तेज प्रताप यादव के एह तस्वीर के देखके कुछ लोग शाबाशी देता, त कुछ लोग मजा लेता। अब देखल जाव कि आवे वाला समय में तेज प्रताप के कवन नया अउरी अनोखा अवतार होई।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here