यूपी में एक बार फिर से नव्निहालों के भविष्य के साथ खिलवाड़

0
956
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

राज्य में योगी सरकार भले ही बच्चन के भविष्य खातिर शिक्षा अभियान में करोड़न रुपये खर्चा कर रहल बा, बाकी जिनका भरोसे इ बच्चन के भविष्य बा, ओही शिक्षक लोग इनके संगे खिलवाड़ कर स्कूल में मजदूरी के काम करवा रहल बाड़न।

घटना कानपुर देहात के ह जहां अभिभावक आपन बच्चन के भविष्य खातिर उनका स्कूल भेज रहल बाड़न, ताकि उनके निमन शिक्षा मिले। बाकी सच त इ ह की जवन सरकारी स्कूल में उ आपन बच्चा पढ़े खातीर भेज रहल बाड़न उनका से ओहिजा के शिक्षक स्कूल में काम करावत बाड़न।

तस्वीरन में साफ दिखाई दे रहल बा कि इहवां के शिक्षक स्कूल में बच्चन से झाड़ू लगवा रहल बाड़न, त ओहिजे दूसरी ओर स्कूल के प्रधानाचार्य इ नवनिहाल बच्चन से भारी भरकम लकड़ी उठवावत बाड़न। बच्चन के भविष्य के साथ खिलवाड़ कर रहल इ शिक्षक लोग के कार्यवाही के भी कौनों डर नईखे।

brooming

इ मामला में जिला के जिम्मेदार अधिकारी पवन कुमार से बात कइला प उ कहलें कि प्राथमिक स्कूल में बच्चन के झाड़ू लगावत तस्वीर अभी साफ नइखे । अइसन में सवाल इ उठता कि जब जिला के जिम्मेदार अधिकारी ही अइसन बात करिहें त बच्चन के भविष्य के साथ खिलवाड़ करेवाला शिक्षक के केकरा से डर होई।

योगी सरकार भले ही शिक्षा अभियान में करोडो खर्चा कर आपन पीठ थपथपा ले, बाकी एकर जमीनी हकीकत कुछ अउर ही बयान कर रहल बा। जबले अइसन शिक्षक लोग के ऊपर कवनों कठोर कार्यवाही  ना होयी तबले इ नव्निहालन के भविष्य के संगे अइसहीं खिलावाड़ होखत रही।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here