‘मूड बिगाड़ देलू’ भोजपुरी गाना पर मोनालिसा संगे आदित्य नारायण के जबरदस्त ठुमका

0
595
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

इंडियन आइडल 11 के होस्ट अउर बॉलीवुड के मशहूर गायक आदित्य नारायण आजकाल  नेहा कक्कड़ संगे शादी के लेके चर्चा में रहलें अउर एह चर्चाओं के बीच उनकर एगो वीडियो वायरल हो रहल बा, जवना में उ भोजपुरी सिनेमा के मशहूर एक्ट्रेस मोनालिसा संगे ठुमका लगा रहल बाड़े. इ गाना बा त 5 साल पुरान, बाकी एकरा बावजूद आजकाल इ इंटरनेट पर छाइल बा.

भोजपुरी गाना ‘मूड बिगाड़ देलू’ आजकाल यूट्यूब पर ट्रेंड कर रहल बा. एह गाना में आदित्य अउर मोनालिसा के केमिस्ट्री देखते बनता. एह वीडियो के अबले 47 लाख से ज्यादा लोग देख चुकल बाड़े. एह गाना के खुद आदित्य नारायण आपन आवाज दीहले बाड़न.

निर्देशक सुभाष घई के फिल्म ‘प्रदेश’ से चाइल्ड आर्टिस्ट के रूप में एक्टिंग करियर के शुरुआत करे वाला आदित्य कइगों गाना भी गवलें बाड़न. संगीत से तालुकात रखेवाला परिवार में जनमल आदित्य के पिता उदित नारायण झा प्रसिद्ध भारतीय-नेपाली पार्श्वगायक बाड़न. आदित्य के दादा हरी कृष्ण झा अउर दादी भुवनेश्वरी झा भी आपन जमाना में आपन गायन खातीर ही जानल जात रहनी.

तकरीबन 16 भाषाओं में कईगों गाना के आपन आवाज देवे वाला आदित्य भी आपन गायन करियर के शुरुआत साल 1992 में नेपाली फिल्म ‘मोहिनी’ से कइल रहन.

ओहीजे अब बात मोनालिसा के कइल जाव त उ सोशल मीडिया प बहुते एक्टिव रहेली. अक्सर उ आपन बोल्ड तस्वीर सोशल मीडिया पर शेयर करेली. ‘बिग बॉस’ में अइला के बाद उनका अलग पहचान मिलल। अब उनकर पहुंच भोजपुरी फिल्म जगत से लेके टीवी अउर बॉलीवुड तक ले बा. मोनालिसा आजकाल टीवी शो ‘नजर’ में एगो डायन के रुप में नजर आ रहल बाड़ी.

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here