नेवी के पहिला महिला पायलट – बिहार के बेटी शिवांगी

0
455
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

लेफ्टिनेंट शिवांगी के रूप में भारतीय नौसेना के आपन पहिला महिला पायलट मिले वाला बा। शिवांगी बिहारी माटी के गौरव बन के निकलल बाड़ी। लगातार कड़ा मेहनत के दम पर एह मुकाम पर पहुंचे वाली बिहार के ई बेटी एगो नया अध्याय लिखे के तैयारी कर लेले बाड़ी। चार दिसंबर के नौसेना दिवस मनावल जाला अउरी ठीक दू दिन पहिले यानि दू दिसम्बर के लेफ्टिनेंट शिवांगी नौसेना में महिला पायलट के रूप में टोही विमान उड़ावत नजर अइहन।

73 साल के इतिहास में ई पहिला बार बा जब केहू महिला पायलट नौसेना में शामिल होई। भारतीय नौसेना के  स्थापना १९१२ में ईस्ट इण्डिया कम्पनी के मर्चेंट शिप के सुरक्षा खातिर भईल रहे। तब एकर नाम “रॉयल इंडियन नेवी” रहे। देस के आज़ादी के बाद “भारतीय नौसेना” नाम राखल गईल। तब से अब तक कवनो भारतीय महिला नौसेना के कैप्टेन ना बनल। लेकिन बिहारी बाला शिवांगी इतिहास बदले वाला बाड़ी। शिवांगी के पिछला साल जून में वाइस एडमिरल ए.के चावला औपचारिक तौर पर नेवी के हिस्सा बनवले रहीं। भारतीय नौसेना के बेड़ा 2 दिसंबर के डोर्नियर सर्विलांस एयरक्राफ्ट उड़ावे वाली पहिला महिला पायलट के शामिल करी अउरी महिला अधिकारी सब लेफ्टिनेंट शिवांगी कोच्चि में ऑपरेशन ड्यूटी में शामिल हो के उड़ान भरीह्न। डोर्नियर सर्विलांस विमान के इस्तेमाल कम दूरी के टोही मिशन खातिर कईल जाला। एमे एडवांस खोजी रडार लागल होला । एकरा अलावा इलेक्ट्रॉनिक सेंसर अउरी नेटवर्किंग फीचर एके दोसरा से अलग बनावेला।

 

शिवांगी बिहार के मुजफ्फरपुर के रहनिहार हई। शिवांगी के पिताजी स्कूल शिक्षक हई। शिवांगी के स्कूली शिक्षा डीएवी पब्लिक स्कूल से भईल बा। एकरा बाद सिक्किम मनीपाल इंस्टिच्यूट ऑफ टेक्नोलॉजी से शिवांगी बीटेक कईले बाड़ी । अभी शिवांगी दक्षिणी नौसेना कमान में प्रशिक्षण ले रहल बाड़ी।

लेफ्टिनेंट शिवांगी
लेफ्टिनेंट शिवांगी

शिवांगी के मिलल कामयाबी से बिहार के दूसर महिला लोग के मन में भी एह दिशा में करियर बनावे के प्रेरणा मिली। शिवांगी आपन कदम से सब महिला लोग खातिर करियर के बेहतर विकल्प खोल देले बाड़ी। एसे पहिले 2016 में भावना कांत, अवनी चतुर्वेदी अउरी मोहाना सिंह के भारतीय वायुसेना में पायलट के तौर पर तैनाती मिल चुकल बा।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here