अब रवि किशन बनइहें नरेंद्र मोदी के जीवन पर फिल्म

0
507
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

भोजपुरी के मेगा स्टार कहे जाये वाला आउर गोरखपुर के सांसद रवि किशन गोरखपुर के मनोरंजन के हब बनवले के फैंसला कईले बाने। आउर एकरा खातीर माननीय सांसद भोजपुरी के सबसे बड़का फिल्म निर्माण आउर फाईनेंस कम्पनी आदिशक्ति एंटरटेनमेंट से फिलहाल पाँच फिल्म के करार कईले बाने।

रवि किशन आदिशक्ती के दुर्गा प्रसाद मजुमदार के साथे एगो संयुक्त बयान जारी कके कहने की चौदह जनवरी मतलब मकर संक्राति के बाद गोरखपुर के खुबसूरत लोकेशन पर लगातारे तीन गो फिल्म के शूटिंग होई। जवना में पहिला फिल्म होई छू मंतर। लेखक निर्देशक संतोष मिश्रा एह फिल्म के निर्माता होईहें। जबकि उदय भगत आउर मनोज कुमार आदि शक्ति एंटरटेनमेंट फिल्म के प्रस्तुति करिहें।

छू मंतर के बाद आदि शक्ति फिल्म सोल्जर आउर खिलौना के निर्माण करी। उ बतवने की देश के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी पर भी फिल्म बनवले के विचार कर ताने। जवने के अधिकतर शूटिंग गोरखपूर में होई। रवि किशन बतवने की आदिशक्ति एंटरटेनमेंट एह पाँच फिल्म के अलावा भी फिल्म के शूटिंग गोरखपुर में करी। दुर्गा प्रसाद मजुमदार एह पर कहने कि उनकर योजना गोरखपुर में लगातार शूटिंग कईले के बा।

रवि किशन आउर दुर्गा प्रसाद बतवलें की कलाकार के साथे-साथे तकनीशीयन के चयन भी स्थानीय स्तर पर कईल जाई. इहे नाही आवे वाला समय में योजना आउर बड़ा बा। रवि किशन बतवले की भोजपुरी के साथे-साथे हिंदी फिल्म जगत के निर्माता गोरखपुर में शूटिंग के खातीर आमंत्रित होईहें। एकरा खतीर हर तरह के सुविधा उपलब्ध करावल जाई।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here