अक्षरा के मिलल नकली शादी के असली बधाई

0
639
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

भोजपुरी एक्ट्रेस कईली शादी के शूट, असली शादी समझके फैंस दिहलें बधाई
भोजपुरी एक्ट्रेस शूटिंग के दौरान सात फेरा लिहले रहली आउर फैंस एह फेरा के असली शादी समझ बईठलें, अब बधाई मिल रहल बा।
भोजपुरी एक्ट्रेस अक्षरा सिंह के शादी के तस्वीर आज सोशल मीडिया पर जमके वायरल हो रहल बा। एह तस्वीर में अक्षरा सिंह सात फेरा लेत आउर ब्राइडल लुक में नजर आ रहल बाड़ी। अईसे में फैंस आउर यूजर उनकरा शादी को बधाई दे रहल बाने। लेकिन अक्षरा सिंह खुलासा कईली कि उ असल में शादी नाहीं कईले बाड़ी, बल्कि एगो फिल्म को शूटिंग में शादी को सीन शूट कईले रहली। दरअसल सोशल मीडिया पर जवन तस्वीरें वायरल हो रहल बा, ओहमें अक्षरा सिंह भोजपुरी के एक्टर अरविंद अकेला कल्लू के साथे सात फेरा लेत नजर आ रहल बाड़ी। अक्षरा दुल्हिन के भेष में बाड़ी आउऱ अरविंद दूल्हा बनल बाने। एतना ही नाहीं अक्षरा अपना सोशल मीडिया अकाउंट पर आपन कुछ ब्राइडल लुक के तस्वीर शेयर कके फैंस के बैचेनी बढ़ा दिहली। हालांकि कैप्शन में अक्षरा फिल्म लुक आउर शूट लिखली लेकिन फैंस बिना कैप्शन पढ़ले अक्षरा के शादी के बधाई दे रहल बाने।
आपके बता दी कि अक्षरा आजकल चंदन उपाध्याय के फिल्म शुभ घड़ी आयो के शूटिंग में बिजी बाड़ी। फिल्म के हीरो अऱविंद अकेला कल्लू बाने आउर हाल ही में शादी के एगो सीन शूट कईले रहली। ओही के तस्वीरे बाहर आवे पर अक्षरा के शादी के बधाई मिले लागल।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here