साक्षी कइसे भइली परेशान

0
449
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

रांची में पावर कट, ओकरा तुरंत बाद महेंद्र सिंह धोनी के पत्नी साक्षी के ट्वीट आईल – 5 घंटे से नहीं है बिजली, जबकि न मौसम खराब है और न ही कोई त्योहार

साक्षी के ट्वीट
साक्षी के ट्वीट

मिसेज धोनी के ट्वीट के बाद उहे ट्वीट के 366 रिट्वीट भी हो गईल, एगो आदमी लिखलस – पावर कट नहीं होंगे तो भइया के इनवर्टर कैसे बिकेंगे

एगो अन्य ट्विटर यूजर लिखले – माही क्या अब रांची के लिए खेलेंगे

राजधानी में पावर कट लोग खातिर नया बात नइखे। मगर एह परेशानी से आम आदमी के साथ अगर खास यानी वीआईपी भी रू-ब-रू हों, शिकायत करें त नया बात जरूर बा। अइसने कुछ भइल गुरुवार के जब पुरा रांची बिजली गुल के बाद अंधकार में दुब गईल।

 

भारतीय क्रिकेट टीम के पूर्व कप्तान महेंद्र सिंह धौनी की पत्नी साक्षी शाम 4:37 पर ट्वीट काइली कि रांची के लोग रोज पावर कट से जूझ रहल बाड़े। कई बार त  4 से 7 घंटा तक इ बिजली गुल रहेला। साक्षी अपना ट्वीट में लिखली कि उनके इलाके में 5 घंटे से बिजली नइखे। जबकि आज मौसम भी अच्छा बा आ कवनो त्योहार भी नइखे। उनका ट्वीट पर लगभग 366 रिट्वीट, 1700 से ज्यादा लाईक्स आईल।

 

साक्षी के ट्वीट के गुरुवार रात 12 बजे तक 366 लोग रिट्वीट कर चुकल रहले जबकि 1700 से ज्यादा लोग लाईक भी कर देहले रहले। ट्वीट पर कमेंट करे  वाला भी 100 से ज्यादा लोग रहले। कई लोगों त इ मुद्दा उठावे पर साक्षी के हौसलाअफजाई कइले त कई लोग अइसन भी रहले जे धौनी के विज्ञापनों अउर  राजनीति में आवे के चर्चा से जोड़ मजाकिया कमेंट्स कइले।

गुरुवार के ठाकुर गांव से मदर डेयरी विद्युत सब स्टेशन के अधीन 22 किलोमीटर लाइन में 33 केवीए पावर ट्रांसफार्मर लगाए जाये के कारण रातू आ रूलर फीडर सुबह 9:30 बजे से लेके 4:30 बजे तक बंद  रहे।जेकरा कारण इतवार बाजार, काठीटांड़, सिमलिया, फुटकर टोली,डेलाटोली, पंडरा, कमड़े, फ्रेंड्स कॉलोनी व आसपास के क्षेत्र में 7 घंटे बिजली गुल रहे। राजधानी रांची के अन्य इलाका में कई क्षेत्र में लोकल फॉल्ट के कारण बिजली आत-जात रहेला।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here