योगी पर सवार सेल्फी के बुखार

0
502
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

लड़कियन में सेल्फी के जुनून, सेल्फी के पागलपना त अक्सर देखे के मिल जाला। लेकिन जब कवनो राज्य के मुख्यमंत्री सेल्फी के दिवाना होखस त सोचीं केतना मजा आई। अईसने कुछ मामला उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के साथे देखे के मिलल जब मुख्यमंत्री जी खुद के सेल्फी लेहले से ना रोक पवनी। योगी जी के कानपुर दौरा के समय सेल्फी लेत देखल गईल। नमामि गंगे प्रोजेक्ट के जायजा लेवे समय योगी जी एह मौका के यादगार बनावे खातिर आपन पहिला सेल्फी लेहनी। जब गंगा के किनारे सीसामऊ में मुख्यमंत्री जी प्रोजेक्ट के उद्घाटन करत रहनी, तब स्टीमर से नीचे उतरके एगो सेल्फी क्लिक कईलनी। कहल जाता कि आदित्यनाथ के प्रौद्योगिकी क्षेत्र में व्यक्तिगत रूप से रूढ़िवादी मानल जाला।

उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ गुरुवार के कानपुर में एगो कार्यक्रम के दौरान आपन पहिला सेल्फी क्लिक कईनी, त उहे कबो उहांके डिजिटल युग में विभिन्न नीति आउर कार्यक्रम के आगे बढ़ईले रहनी आउर गौर करे वाला बात त ई बा की  दिसंबर 2017 में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ ही रहनी जे लखनऊ के कालिदास मार्ग पर अपना आधिकारिक निवास तक जाये वाला सड़क पर सेल्फी क्लिक कईले पर प्रतिबंधित लगा देले रहनी । सेल्फी के खिलाफ सड़क चेतावनी के शुरुआत में राज्य पुलिस द्वारा एगो संकेत भी दिहल गईल रहे।

योगी आदित्यनाथ, मुख्यमंत्री (यू.पी )
योगी आदित्यनाथ, मुख्यमंत्री (यू.पी )

मुख्यमंत्री जी के ई सेल्फि कानपुर के ह जहां योगी जी प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के आगामी कार्यक्रम के तैयारी में जुटल बानी। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी 14 दिसंबर के कानपुर में नमामि गंगे प्रोजेक्ट के समीक्षा करब, जहां उहां के चार गो  मुख्य कार्यकर्ता के साथे नमामि गंगे प्रोजेक्ट के अबहिन तक के कामकाज समीक्षा करब। चर्चा त एह बात के बा कि जवना मुख्यमंत्री के पास खुद के फोन होखे के बावजूद भी कबो हाथ में दिखाई नाहीं देला आ अब एगो सेल्फी लेहनी जवन सामने आ के वायरल भी हो गईल बा। मानल जाता कि ई योगी आदित्यनाथ के पहिली सेल्फी हवे।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here