बिहार आउर उत्तर प्रदेश में उपचुनाव खातिर मतदान।

0
605
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

बिहार के पांच विधानसभा आउर ऐगो लोकसभा सीट, आउर उत्तर प्रदेश में विधानसभा के 11 सीट पर उपचुनाव खातिर मतदान हो रहल बा। सुबह सात बजे से शुरू भईल मतदान शाम सात बजे तक होई।

उत्तर प्रदेश में विधानसभा के 11 सीट आउर बिहार के पांच विधानसभा के साथ ऐगो लोकसभा सीट पर उपचुनाव के खातीर मतदान शुरू हो गईल बा। एह सब सीट पर मतदान होए के चार  दिन बाद 24 अक्टूबर के मतगणना होई।

 

बिहार में एह सीट पर बा मतदान

 

बिहार में आज पांच विधानसभा सीट परउपचुनाव हो रहल बा। सीवान जिला के दरौंदा विधानसभा सीट से एनडीए के अधिकृत प्रत्याशी जदयू के नेता आउर सिवान के सांसद कविता सिंह के पति अजय सिंह भी आपन भाग्य आजमा रहल बाड़े लेकिन बीजेपी नेता कर्णजीत सिंह उर्फ व्यास भी निर्दलीय चुनाव मैदान में बाड़े।

भागलपुर के नाथनगर विधानसभा क्षेत्र से महागठबंधन के अधिकृत प्रत्याशी के रूप में राष्ट्रीय जनता दल (आरजेडी) राबिया खातून के चुनावी मैदान में उतरले बा लेकिन महागठबंधन के घटक दल में शामिल हिंदुस्तानी अवाम मोर्चा (हम) भी अजय राय के रूप में आपन प्रत्याशी उतार के महागठबंधन के खेल बिगाड़े में लागल बा।

उपचुनाव में सिमरी, बख्तियारपुर विधानसभा क्षेत्र में भी महागठबंधन में शामिल दो घटक दल के प्रत्याशी आमने-सामने बाड़े। महागठबंधन के ओर से आरजेडी इहां जफर आलम के प्रत्याशी बनवले बा लेकिन ईहां भी महागठबंधन में शामिल विकासशील इंसान पार्टी (वीआईपी) दिनेश यादव के चुनावी मैदान में उतार देले बा। दुनु गठबंधन के अलावा वामपंथी दल के स्थिति भी लगभग अइसन ही बनल बा।

उत्तर प्रदेश में विधानसभा के 11 सीट आउर बिहार के पांच विधानसभा के साथ एगो लोकसभा सीट पर उपचुनाव खातीर मतदान शुरू हो गईल बा। यूपी के गंगोह, रामपुर, इगलास(अनुसूचित जाति के खातीर आरक्षित), लखनऊ कैंट, गोविंद नगर, मानिकपुर, प्रतापगढ़, जैदपुर(आरक्षित), जलालपुर, बलहा(आरक्षित) आउर घोसी में मतदान हो रहल बा, एह सीट पर मतदान के चौथा दिन 24 अक्टूबर के मतगणना होई।

विपक्षी पार्टि के प्रचार अभियान पडल फीका

यूपी के सब सीट पर चौतरफा मुकाबला बा। भारतीय जनता पार्टी(बीजेपी), बहुजन समाज पार्टी (बीएसपी), समाजवादी पार्टी (सपा) आउर कांग्रेस आपन भाग्य आजमा रहल बा। सत्ताधारी बीजेपी के एह उपचुनाव में अच्छा खबर मिले के भरोसा बा, काहें कि विपक्षी पार्टि के प्रचार अभियान फीका रहल बा।

बीजेपी उपचुनाव खातीर कार्यकर्ता के एकजुट कईले बा। पार्टी नेता सब सीट जीते पर जोर लगावले बाड़े। 11 में से 8 सीट पर बीजेपी के पहिले से कब्जा बा, जबकि सपा अउर बीएसपी के पास पहिले से एक-एक सीट बा। प्रतापगढ़ सीट पर बीजेपी के सहयोगी पार्टी के कब्जा

बा। घोसी विधानसभा सीट विधायक अउर मंत्री फागू चौहान के इस्तीफा के कारण खाली हो गईल बा आउर बिहार के राज्यपाल बनावल गईल बाड़े। उपचुनाव वाला सीट में से कांग्रेस के कब्जा में एको सीट पहिले से नइखे बा।

एह उपचुनाव में लखनऊ कैंट सीट पर सबसे अधिक 13 उम्मीदवार बानल बाड़े। जलालपुर सीट पर 12, जबकि घोसी, गंगोह, प्रतापगढ़ आउर बलहा में 11-11 उम्मीदवार मैदान में बाडे। गोविंद नगर अउर मानिकपुर में 9-9, जबकि रामपुर, इगलास अउर जैदपुर में 7-7 उम्मीदवार किस्मत आजमा रहलबाड़े।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here