योगी जी लईलन ‘सौभाग्य’, 1.38 लाख जनता के फ्री में मिली बिजली

0
1047
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जब से सरकार बनइले बाड़न, तबसे राज्य में अपराध अउर बिजली व्यवस्था के दुरुस्त करे खातीर प्राथमिकता तय कर देले बाड़न।

सबके साथ सबके विकास के तहत योगी सबके सस्ता दर पर बिजली देवे के बात कइले रहलन। एकरा तहत गरीब के घर में बिजली पहुंचावे खातिर ‘सौभाग्य योजना’ आइल रहे। एही ‘सौभाग्य योजना’ के तहत पूरा उत्तर प्रदेश में मेगा शिविर लगाके 1 लाख 38 हजार लोगन के बिजली कनेक्शन देवल गइल।

ग्रामीण उपकेंद्र पर 2665 शिविर लगाके आर्थिक अउर सामाजिक तौर पे कमजोर परिवार के नि:शुल्क कनेक्शजन दिहल गइल  बा।

yogi aditynath speech

अन्य ग्रामीण परिवार के 50 रुपया से 10 रु के मासिक किस्त प कनेक्श्न दिहल गइल। कार्यक्रम में मुख्यमंत्री योगी कहलन कि बिजली समस्या प पूर्व सरकार के अनदेखी नासूर बन गइल बा।

मुख्यमंत्री सौभाग्य योजना के अंतर्गत कनेक्शन लेवे खातीर ई-संयोजन मोबाइल एप भी लांच कइलन। इ दौरान केंद्रीय ऊर्जा राज्यमंत्री आरके सिंह, विधानसभा अध्यक्ष ह्नदयनारायण दीक्षित, सूबे के ऊर्जा मंत्री श्रीकांत शर्मा, ऊर्जा राज्य मंत्री स्वतंत्रदेव सिंह, जिले के प्रभारी मंत्री रमापति शास्त्री, सांसद हरि साक्षी महाराज समेत सृब विधायक अउर अन्य संगठन के पदाधिकारी मौजूद रहलन। ‘सौभाग्य योजना’ के फायदा उठावे वाले लोगिन अब इहे उम्मीद बा कि उनकर बिजली निर्बाध जारी रहे।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here