हाथ में तलवार ले अक्षरा चल देहली इंसाफ करें

0
1113
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

आज से नवरात्रि के पावन पर्व शुरू हो गईल बा। नवरात्रि के दौरान मां दुर्गा के सभी नौ रूप के पूजा-अर्चना श्रद्धा से कईल जाला। मां दुर्गा के शक्ति के स्विरूप मानल जाला। अईसन में नवरात्रि के पहिले ही दिन भोजपुरी के सुपरस्टार अक्षरा सिंह के एगो वीडियो सोशल मीडिया पर जमके वायरल हो रहल बा। एह वीडियो में अक्षरा देवी के भक्ति करत आउर माँ दुर्गा से उनकर तलवार मांगत दिखत बाड़ी।

देशभर में महिला के साथ बलात्कार आउर यौन शोषण के घटना लगातार बढ़त जा रहल बा। एहि घटना अउर पाप करे वाला के अंजाम देबे वाला लोग के मारे खातिर अक्षरा मां दुर्गा से तलवार मांगत दिखत बाड़ी। ई विडियो अक्षरा के नया भोजपुरी भजन ह। आउर नवरात्र के पहले दिन से ही जमके वायरल हो रहल बा।

अक्षरा
अक्षरा

ई गाना के लेखक मनोज मतलबी लिखले बाड़े। एह वीडियो में एक जगह अक्षरा लाल साड़ी में हाथ में त्रिशूल पकड़े भी नजर आ रहल बाड़ी। भोजपुरी सुपरस्टार अक्षरा सिंह के फैन फॉलोइंग भी जबरदस्त बा आउर अक्षरा त सोशल मीडिया पर भी खासे एक्टिव रहेली।

अक्षरा
अक्षरा

नवरात्रि के पहले दिन प्रतिपदा पर घर में कलश स्थापना कईल जाला। प्रतिपदा पर मां शैलपुत्री के स्वरूप के पूजन होला। शैलपुत्री के देवी दुर्गा के नौ स्वरूप में पहिला मानल जाला। मान्यता ह कि नवरात्रि में पहले दिन मां शैलपुत्री के पूजा करे से भक्तन के चंद्र दोष से मुक्ति मिल जाला।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here