नितीश कुमार – Gahana Live https://www.gahanalive.com Gahana Fri, 13 Mar 2020 12:37:07 +0000 en-US hourly 1 https://wordpress.org/?v=6.4.4 बिहार में पसरल कोरोना के डर https://www.gahanalive.com/bhojpuri-samachar/bihar-me-corona-ka-dar-3274 https://www.gahanalive.com/bhojpuri-samachar/bihar-me-corona-ka-dar-3274#respond Fri, 13 Mar 2020 12:34:49 +0000 https://www.gahanalive.com/?p=3274 पटना. कोरोना वायरस के आतंक दिनोंदिन बढल जाता. हर राज्य में एकर भय व्याप्त हो चुकल बा. शुक्रवार सुबह 10 बजे तक के आंकड़ा के अनुसार, भारत में अब तक 13 राज्य में कोरोना वायरस के 75 मामला सामने आईल बा. एकरा वजह से एक व्यक्ति के मौत हो चुकल बा. कोरोना वायरस के बढत मामला के मद्देनजर […]

The post बिहार में पसरल कोरोना के डर appeared first on Gahana Live.

]]>
पटना. कोरोना वायरस के आतंक दिनोंदिन बढल जाता. हर राज्य में एकर भय व्याप्त हो चुकल बा. शुक्रवार सुबह 10 बजे तक के आंकड़ा के अनुसार, भारत में अब तक 13 राज्य में कोरोना वायरस के 75 मामला सामने आईल बा. एकरा वजह से एक व्यक्ति के मौत हो चुकल बा. कोरोना वायरस के बढत मामला के मद्देनजर कई गो राज्‍य में एके रोके खातिर ज़रूरी कदम उठावल जा रहल बा. दिल्ली सरकार त कोरोना वायरस के महामारी घोषित कर के 31 मार्च तक सब स्कूल बंद कs देले बिया. बिहार में भी आज एसे सम्बंधित हाई लेवल मीटिंग कईल गईल.

सीएम नीतीश के अध्यक्षता में मीटिंग

एक अणे मार्ग में बोलावल गईल एह उच्‍चस्‍तरीय मीटिंग में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार अउरी डिप्टी सीएम सुशील कुमार मोदी के साथे स्वास्थ्य मंत्री मंगल पांडे, शिक्षा मंत्री कृष्ण नंदन वर्मा, मुख्य सचिव दीपक कुमार, मुख्यमंत्री के सलाहकार अंजनी कुमार सिंह अउरी गृह सचिव आमिर सुबहानी के साथे कईगो वरीय अधिकारी लोग मौजूद रहे. बतावल जा रहल बा कि एह मीटिंग में बिहार-नेपाल बॉर्डर पर चौकसी अउरी जांच बढ़ावे के व्यवस्था पुख्ता करे के निर्देश देहल गईल. एकरा साथे गया में विदेशी यात्री लोग के स्क्रीनिंग के लेके भी निर्देश जारी कईल गईल.

कोरोना वायरस के खतरा के मद्देनजर बिहार में नीतीश कुमार के सरकार एगो बड़ फैसला लेत 31 मार्च तक सब स्कूल-कॉलेज बंद करे के फैसला लेले बिया. एकरा साथे-साथे राज्य में होखे वाला सब परीक्षा भी केंसिल कर देहल गइल बा. बिहार दिवस के कार्यक्रम के भी रद्द कर देहल गइल बा.  सब स्पोर्ट्स, इवेंट अउरी कल्चरल इवेंट रद्द होई. सब पार्क अउरी चिड़ियाघर बंद रही.

कर्मचारी सब के अल्टरनेट डे बोलावे पर विचार

मुख्य सचिव दीपक कुमार एह बात के जानकारी देत कहलन कि श्रीकृष्ण मेमोरियल अउरी  ज्ञान भवन जइसन हॉल के  बुकिंग भी ना होई. दीपक कुमार कहलन कि सब सरकारीकर्मी के अल्टरनेट डे बोलावे पर विचार हो रहल बा ताकि कार्यालय में गेदरिंग ना हो. राज्य के सब सिनेमा हॉल के बंद करे के निर्णय भी लेहल गइल बा.  मुख्यसचिव बतवलन  कि आज तक 142 मरीज़ के ऑब्जर्वेशन में राखल गइल जेमे से 73 के डिस्चार्ज कर देहल गइल बा .

नॉनवेज पर रोक के लेके कवनो निर्देश नइखे

मुझय सचिव कहलन कि इंडो- नेपाल बॉर्डर पर कड़ा जांच होई अउरी  सब अस्पताल में आइसीयू में बेड बढ़ावल जाई. PMCH,AIIMS अउरी  IGIMS में 100 वेंटीलेटर बढ़ावे के निर्देश देहल गइल बा. नॉनवेज पर रोक के लेके अभी कवनो  निर्देश नइखे. मुख्य सचिव ईहो कहलन कि ई फैसला 31 मार्च तक लेहल गइल बा अउरी सोमवार के एह विषय पर फेरु  समीक्षा कइल जाई.

 

टीचर समन्वय समिति के नोटिस

एही बीच, टीचर समन्वय समिति के पटना पुलिस के ओर से नोटिस भेजल गइल बा. 23 मार्च के गांधी मैदान में प्रस्तावित विरोध प्रदर्शन के स्थगित करे के कहल गइल बा. बता दीं कि 23 अउरी 24 मार्च के बिहार दिवस पर गांधी मैदान में कई कार्यक्रम प्रस्तावित बा .

अलर्ट पर पीएमसीएच प्रशासन

पहिलही बिहार सरकार पीएमसीएच के सब डॉक्टर अउरी अपना कर्मचारी सब के छुट्टी रद्द कs देले बिया अउरी अस्पताल प्रशासन भी सबके अलर्ट मोड पर रहे के निर्देश देले बा. अगिला आदेश तक सब डॉक्टर अउरी कर्मचारी लोग के छुट्टी रद्द कs देहल गइल बा.

आंगनबाड़ी केंद्र अगिला आदेश तक बंद

राज्य के सब जिला में चले वाला आंगनबाड़ी केंद्र पर भी रोक लगा देहल गइल बा. सरकार के ई फैसला अगिला  आदेश तक लागू रही. राज्य सरकार के एह निर्देश के असर तकरीबन डेढ़ लाख आंगनबाड़ी केंद्र पर पड़ी. एकरा साथे-साथे 14 मार्च के पटना में होखे वाला ‘बिहार स्टार्टअप कॉन्क्लेव’ के कार्यक्रम के भी बिहार इंडस्ट्रीज एसोसिएशन रद्द कर देले बा.

 

The post बिहार में पसरल कोरोना के डर appeared first on Gahana Live.

]]>
https://www.gahanalive.com/bhojpuri-samachar/bihar-me-corona-ka-dar-3274/feed 0