पटना एम्स – Gahana Live https://www.gahanalive.com Gahana Sun, 22 Mar 2020 17:38:15 +0000 en-US hourly 1 https://wordpress.org/?v=6.4.4 बिहार दिवस के दिन मिलल बिहार के पहिला आघात https://www.gahanalive.com/bhojpuri-samachar/first-shok-in-bihar-on-bihar-diwas-3306 https://www.gahanalive.com/bhojpuri-samachar/first-shok-in-bihar-on-bihar-diwas-3306#respond Sun, 22 Mar 2020 17:32:16 +0000 https://www.gahanalive.com/?p=3306 The post बिहार दिवस के दिन मिलल बिहार के पहिला आघात appeared first on Gahana Live.

]]>

आज के दिन बिहार खातिर बहुत खास होला। आज यानी 22 मार्च के “बिहार दिवस” मनावल जाला। आजे के दिन 1912में बिहार राज्य के स्थापना भईल। ब्रिटिश हुकूमत 22 मार्च 1912 के बंगाल प्रेसिडेंसी से बिहार के अलग कइलस। तब से आज के दिन बिहार दिवस के रूप में मनावल जाला। आज के दिन विभिन्न जगह पर अलग अलग सांस्कृतिक कार्यक्रम होला जेमे बिहार के इतिहास, कला,खानपान अउरी सांस्कृतिक पक्ष के उजागर कइल जाला।
लेकिन आज के दिन बिहार खातिर एगो घातक अउरी दुखद खबर ले के आईल। कोरोना के कहर पूरा विश्व के 170 से ज्यादा देश के अपना चपेट में लेले बा। भारत में काल्ह तक कोरोना से जे लोग के मृत्यु भईल ओके संख्या 4 रहे अउरी 315 लोग संक्रमित रहे। आज सबेरे ई आंकड़ा 6 तक पहुंच गईल जेमे एगो व्यक्ति के मृत्यु पटना में भईल। अब तक सब केहू ईहे कहत रहे कि बिहार में अब तक कोरोना के प्रवेश नइखे भईल। बिहार कोरोना फ्री प्रदेश बाटे लेकिन जइसे ही ई खबर आईल,राज्य में भय के लहर दौड़ गईल।
अब तक ई धारणा रहल कि कोरोना अधिक उम्र के लोगिन के आपन शिकार बनावेला लेकिन जवन कोरोना पीड़ित के आज मृत्यु भईल उनुके उमिर महज 38 साल रहे। महानगरन में कोरोना से पीड़ित लोग जादे बा। बिहार से चल के।दिल्ली,मुम्बई,पंजाब,कलकत्ता के अलावा अउरी राज्य में भी बहुत बड़ा संख्या में लोग जाला जे विभिन्न क्षेत्र में आपन रोजगार के इन्तेजाम करेला।कोरोना के डर से बहुत बड़ा संख्या में ऊ लोग के वापसी ट्रेन अउरी बस में भर भर के हो रहल बा। राज्य में ई लोग जे विभिन्न जगह से लौट के आ रहल बा,ए लोग के अब तक कवनो टेस्ट नइखे होत। एह स्थिति में मुमकिन बा कि संक्रमित लोगिन के आंकड़ा अचानके उम्मीद से ज्यादा निकल जाव। विभिन्न शहर से आ रहल लोग हो सकsता कोरोना से संक्रमित होके भी बच जाव लेकिन संक्रमित लोग के संपर्क में अगर केहू कमज़ोर इम्यून वाला आदमी आवे,चाहे संकर्मीय आदमी के परिवार के दोसर लोग के अगर संक्रमण हो जाए त स्थिति खतरनाक हो जाई। महानगर से जे लोग ई सोच के घरे आ रहल बा कि ऊ आपन जान बचा रहल बा ऊ लोग अनजाने में अपना परिवार के खतरा में डाल रहल बा।
बिहार सरकार के अइसन समय में सचेत होखला के जरूरत बा। कोरोना के टेस्ट फ्री हो, अस्पताल के समुचित व्यवस्था हो, संक्रमण से प्रभावित लोग के कोरेंटाईन में रखे के उम्दा विकल्प हो तब राज्य ई आपदा से लड़े में सक्षम हो पाई।

The post बिहार दिवस के दिन मिलल बिहार के पहिला आघात appeared first on Gahana Live.

]]>
https://www.gahanalive.com/bhojpuri-samachar/first-shok-in-bihar-on-bihar-diwas-3306/feed 0