पत्नी के आरोप – Gahana Live https://www.gahanalive.com Gahana Sat, 11 Jan 2020 11:51:50 +0000 en-US hourly 1 https://wordpress.org/?v=6.4.4 ना नहाये वाला पति से तंग आके पत्नी दे देलस तलाक https://www.gahanalive.com/bhojpuri-samachar/dirty-habit-of-husband-strange-case-husband-not-bathing-wife-accused-divorce-2914 https://www.gahanalive.com/bhojpuri-samachar/dirty-habit-of-husband-strange-case-husband-not-bathing-wife-accused-divorce-2914#respond Sat, 11 Jan 2020 11:30:15 +0000 https://www.gahanalive.com/?p=2914 The post ना नहाये वाला पति से तंग आके पत्नी दे देलस तलाक appeared first on Gahana Live.

]]>

बिहार के राजधानी पटना में तलाक के एगो अजीबो-गरीब मामला सामने आईल बा। इहां एगो पत्नी अपना पति के गंदा आदत से तंग आके तलाक के अर्जी लगावले बाड़ी। पत्नी के आरोप बा कि उनकर पति ना त नहालें आउर ना ही ब्रश करेलें। पीड़ित पत्नी के मुताबिक ब्रश नाहीं करे के कारण उनकरा पति के मुँह से बदबू आवेला। आउर रोजाना नहाये के बजाय 10-10 दिन के बाद नहालें।

पति के एह गंदा आदत से तंग आके उनकर पत्नी महिला आयोग में तलाक के अर्जी लगवले बाड़ी आउर अब ऊ उनसे छुटकारा चाह ताड़ी। पीड़िता पत्नी के नाम सोनी देवी ह, ऊ वैशाली जिला के देसरी स्थित नया गाँव के रहे वाला हई। सोनी देवी के शादी वर्ष 2017 में वैशाली जिला के मनीष राम के साथ भईल रहे।

सोनी देवी के मुताबिक शादी से पहिले ऊ लईका से ना त मिलल रहली आउर ना ही बात कईले रहली। पहिला बार अपना पति के ऊ शादी के मंडप में ही देखली। शादी के बाद विदा होके ससुराल आईला पर सोनी देवी उनकरा एह गंदा आदत से परेशान हो गईली। सोनी देवी कहली उनके पति मनीष राम के अच्छा से बोले तक नाहीं आवेला। ऊ गँवारन के तरह से बात करेलें। सोनी कहली कि अबहिन ले उनका बीच पति-पत्नी वाला रिश्ता नाहीं बा, जवना वजह से ऊ अब एह रिश्ता से छुटकारा चाह ताड़ी।

ओईजा महिला आयोग समझदारी दिखाके एह रिश्ता के बचावे खातीर पति-पत्नी के एगो आउर मौका देले बा। आयोग एह मामला में दू महीना आगे के तारीख देले बा। महिला आयोग के सदस्य प्रतिमा सिन्हा कहली कि दूनू के एगो मौका आउर दिहल गईल बा, पीड़ित के पति मनीष राम के समझावल गईल बा कि ऊ नियमित रूप से नहायें आउर ब्रश कईल करे।

The post ना नहाये वाला पति से तंग आके पत्नी दे देलस तलाक appeared first on Gahana Live.

]]>
https://www.gahanalive.com/bhojpuri-samachar/dirty-habit-of-husband-strange-case-husband-not-bathing-wife-accused-divorce-2914/feed 0