फूल – Gahana Live https://www.gahanalive.com Gahana Fri, 25 Oct 2019 05:53:06 +0000 en-US hourly 1 https://wordpress.org/?v=6.4.4 जानी छठ पूजा के सही विधि ? https://www.gahanalive.com/vrat-tyohar/know-the-right-method-of-chhath-puja-gahana-live-2138 https://www.gahanalive.com/vrat-tyohar/know-the-right-method-of-chhath-puja-gahana-live-2138#respond Fri, 25 Oct 2019 05:53:05 +0000 https://www.gahanalive.com/?p=2138 The post जानी छठ पूजा के सही विधि ? appeared first on Gahana Live.

]]>

एह दिन जल्दी उठके अउर अपनी घर के पास एगो झील, तालाब चाहें नदी में स्नान करीं।

स्नान कईले के बाद नदी के किनारे खड़ा रहि के सूर्योदय के समय सूर्य के पूजा करीं।

शुद्ध घी के दीपक जलाईं अउर सूर्य के धुप अउर फूल अर्पण करीं।

सात प्रकार के फूल, चावल, चंदन, तिल से युक्त जल के सूर्य के अर्पण करीं।

सिर झुकाके प्रार्थना करत “ओम गृहिणी सूर्यया नमः” चाहें “ओम सूर्यया नमः” 108 बार बोलीं।

आप पूरा दिन भगवान सूर्य के नाम के जप जारी रख सकेलीं।

अपनी क्षमता के अनुसार ब्राह्मण अउर गरीब लोग के भोजन कराईं।

आप पुजारी चाहें गरीब लोग के कपड़ा, भोजन, अनाज के दान भी दे सकलीं।

छठ व्रत कथा (Chhath Vrat Katha in Hindi)

दिवाली के ठीक छह दिन बाद मनावे जाये वाला एह महाव्रत के सबसे कठिन अउर साधक खातीर सबसे महत्त्वपूर्ण रात्रि कार्तिक शुक्ल षष्टी के होला, जवने कारण हिन्दू के एह परम पवित्र व्रत के नाम छठ (Chhath Puja) पड़ल। चार दिन तक मनाने जाये वाला सूर्योपासना के एह अनुपम महापर्व मुख्य रूप से बिहार, झारखंड, उत्तरप्रदेश सहित सम्पूर्ण भारतवर्ष में बहुत ही धूमधाम से मनावल जाला।

वइसे त सद्भावना अउर उपासना के एह पर्व के सन्दर्भ में कइ गो कथा प्रचलित बा, लेकिन पौराणिक शास्त्र के अनुसार जब पांडव जुआ में आपन सब राजपाट हार गईने, तब द्रौपदी छठ के व्रत रखली, फलस्वरूप पांडव के आपना राजपाट मिल गईल।

छठ व्रत विधि (Chhath Vrat Vidhi in Hindi)

 

कथानुसार छठ देवी भगवान सूर्यदेव के बहिन हई अउर उनके प्रसन्न करेके खातीर भक्तगण भगवान सूर्य के आराधना अउर उनकर धन्यवाद कके मां गंगा-यमुना चाहें कवनो नदी के किनारे एह पूजा के मनावेने।

एह पर्व में पहिले दिन भर घर के साफ-सफाई अउर शुद्ध शाकाहारी भोजन कईल जाला, दूसरा दिन खरना के कार्यक्रम होला, तीसरा दिन भगवान सूर्य के संध्या अर्घ्य देहल जाला अउर चौथा दिन भक्त उदियमान सूर्य के उषा अर्घ्य देहल जाला। मान्यता ह कि अगर कवनो एह महाव्रत के निष्ठां अउर विधिपूर्वक संपन्न करेला त निःसंतान के संतान के प्राप्ति अउर प्राणी के सब प्रकार के दुख अउर पाप से मुक्ति मिलेला।

 

छठ रेसिपी

छठ महापर्व उत्तर भारत विशेषकर यूपी अउर बिहार के अहम पर्व ह। आज इ कहल गलत नाहीं होई कि एह पर्व के भारतवर्ष में समान श्रद्धा अउर उल्लास के साथ मनावल जाला। छठ पर्व के शुरुआत नहाए-खाए से होला अउर समापन सूर्य देव के अर्घ्य अर्पित कके कईल जाला। चार दिन के एह पर्व में दो चीज खईले के मामला में सबके आकर्षित करेला एगो ह ठेकुआ अउर दूसरा रसियाव चाहें रसिया जवन गुड़ के खीर होला। त आईं आज बनावेके सीखल जाव छठ के एह दोनो विशेष व्यंजन के।

चावल अउर गुड़ के खीर चाहें रसियाव
रसियाव आमतौर पर चावल के खीर ही होला बस एहमें फर्क एतना होला कि एहमें चीनी के जगह गुड़ के इस्तेमाल कईल जाला। एहके छठ के दूसरे दिन खाइल जाला। अच्छा एगो अउर बात, पूजा के समय एके साफ चुल्हा चाहें ईट से बनल चुल्हा पर बनावल जाला लेकिन एके आप छठ के अलावा कबो भी बनावल चाह तानी त गैस पर भी बना सकेनी। त चलीं जानल जाव छठ महापर्व के एह व्यंजन के कईसे बनावल जाला।

सामग्री

दूध: 1 लीटर

चावल: एक पाव

गुड़: एक पाव (बारिक)

ड्राई फ्रूट्स: सजावे के खातीर

बनवले के विधि

सर्वप्रथम सब सामान के इकठ्ठा करीं। ड्राई फ्रूट्स के छोट-छोट टुकड़ा में काट लेईं। याद रखीं हर चीज साफ-सुथरा होखेक चाहिं। बनवले के समय कवनो भी सामान के जूठा ना करीं, इहां तक कि दूध में उबाल अइले पर ओके फूंकले के स्थान पर ओहमें कुछ बूंद पानी के डालीं। चावल के कम से कम एक घंटा पहिले धो के पानी में भिगो देईं।

सबसे पहिले दूध के एगो पैन में गर्म करीं। साथ ही एगो अलग पैन में दो गिलास पानी डालके गुड़ के पिघला लेईं।

जब दूध में उबाल आ जाव त एहमें चावल डालके पकावत रहीं। जब खीर में उबाल आ जाव त गैस के धीमा कर दीं। खीर के लगातार चलावत रहीं नाहीं त एह तल से जल सकेला।

जब चावल पक जाव त गैस धीमा कर देईं अउर एहमें गुड़ के चाशनी मिला देईं। कई लोग खीर बनवले के बाद भी गुड़ के चाशनी मिला देला काहें कि अईसन कइले से दूध के फटले के डर नाहीं रहेला। अब गैस के बंद कर देईं अउर ड्राई फ्रूट्स मिला लेईं।

ठेकुआ बनवले के विधि

छठ के बात होखे अउर ठेकुआ के जिक्र ना होखे अईसन त हो ही ना सकेला। आपके जानके इ हैरानी होई कि इ ठेकुआ बेहद आसानी से बनावल जा सकेला। त आईं जानल जाव ठेकुआ बनवले के रेसिपी।

ठेकुआ बनवले के रेसिपी

कुल समय 30 मिनट
सामग्री

आटा: आधा किलो
घी: चार चम्मच
रिफाइंड ऑयल: फ्राई करले के खातीर
चीनी: एक पाव
इलायची पावडर: दो चमच्च
नारियल: एक कप (नारियल बुरादा)

बनवले के विधि
सबसे पहिले आटा में घी अउर चीनी डालके अच्छा तरह से गूँथ लेईं। याद रखीं आप जेतना अच्छा से एके गूँथब उतना अच्छा ठेकुआ बनी। गूंथत समय ही एहमें नारियल के बूरादा डाल लेईं।

अगर आप आटा गूंथत समय आसानी चाह तानी त चीनी क सीधे आटा में डालके चीनी के घोल बनाके आटा में डालीं। एके टाइट ही गूंथेक बा। आटा एकदम सख्त अउर हल्का सूखल होखेक चाहिं।

अब हथेली में थोड़ा तेल लगाके गूंथल आटा के एक सांचा के मदद से ठेकुआ के शक्ल में बना लेईं। छठ के समय मार्केट में ठेकुआ बनावले के सांचा बहुत आसानी से मिल जाला।
एगो पैन में तेल गर्म करीं। जब तेल अच्छा तरीका से गर्म हो जाव त ओहमें ठेकुआ के फ्राई क लेईं। जब इ एगो तरफ से हल्का भूरा हो जाव त पलट के दूसरा तरफ से भी सुनहरा क लेईं। अब आपके ठेकुआ तैयार बा।

आप इ सब ठेकुआ के ठंडे होखले पर कवनो एयर टाइट बर्तन में डालके स्टोर कर सकेनीं। इ कई दिन तक खराब नाहीं होले।

The post जानी छठ पूजा के सही विधि ? appeared first on Gahana Live.

]]>
https://www.gahanalive.com/vrat-tyohar/know-the-right-method-of-chhath-puja-gahana-live-2138/feed 0