मुंबई – Gahana Live https://www.gahanalive.com Gahana Sun, 22 Dec 2019 11:14:45 +0000 en-US hourly 1 https://wordpress.org/?v=6.4.4 14वां भोजपुरी फिल्म अवॉर्ड https://www.gahanalive.com/bhojpuri-cinema-and-tv-news/14th-bhojpuri-film-award-gahana-live-2730 https://www.gahanalive.com/bhojpuri-cinema-and-tv-news/14th-bhojpuri-film-award-gahana-live-2730#respond Sun, 22 Dec 2019 10:49:33 +0000 https://www.gahanalive.com/?p=2730 The post 14वां भोजपुरी फिल्म अवॉर्ड appeared first on Gahana Live.

]]>
ट्विटर से
ट्विटर से

बीते 14 दिसंबर के भोजपुरी सिनेमा के सबसे प्रतिष्ठित अवॉर्ड एह बार मुंबई में आयोजित भईल। अवार्ड के आयोजन बिल्कुल भव्य तरीका से भईल। जहां एक ओर फिल्‍मी कलाकारन के रंगीन महफिल सजल, ओईजा दूसरा ओर भोजपुरी सिनेमा के उत्‍कृष्‍ट कलाकारन के सम्‍मानित भी कईल गईल।

हर बार के तरे एह बार भी अवार्ड के आयोजन भोजपुरी फिल्म जगत के जानल-मानल विनोद गुप्ता के द्वारा कईल गईल। फिल्‍म अवॉर्ड में दिनेश लाल यादव निरहुआ के फिल्म के सबसे ज्यादा अवॉर्ड मिलल। 14वां भोजपुरी फिल्म अवॉर्ड में ‘बॉर्डर’ आउर ‘निरहुआ हिन्दुस्तानी 3’ के धूम रहल आउर निरहुआ के मिलल बेस्ट एक्टर के खिताब।

अवॉर्ड के भव्य उद्घाटन मुंबई के अथर्व कॉलेज ‘मलाड’ में आयोजित भईल। एह अवॉर्ड के शुभारंभ अवॉर्ड के आर्गेनाइजर आउर संस्थापक अध्यक्ष विनोद गुप्ता, मुख्य अतिथि गुजरात स्टेट के मिनिस्टर कुंवरजीभाई मोहनजीभाई बवालिया, महामंडलेश्वर डॉक्टर उमाकांतानंद सरस्वती, पद्मश्री, पद्मभूषण उदित नारायण, अभिनेता कुणाल सिंह आउर दिनेश लाल यादव कईलन।

 

एह अवसर पर अवॉर्ड के फाउंडर प्रेसिडेंट विनोद गुप्ता कहलन, ‘बीते 14 साल से अवॉर्ड समारोह के आयोजन कईल जाता। एह अवॉर्ड से भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री के एगो अलग पहचान मिलल बा। विनोद गुप्ता कहलन कि भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री के खातिर जवन कुछ हो सकेला, हम करत रहब। गुजरात के मिनिस्टर कुवरजीभाई मोहन बवालिया भोजपुरी फिल्म जगत के प्रोडूसर आउर निर्देशक के गुजरात में शूटिंग करे के निमंत्रण दिहलन आउर हर संभव सहयोग के आश्वासन दिहलन।

फिल्म ‘बॉर्डर’ आउर ‘निरहुआ हिन्दुस्तानी 3’ के रहल जलवा

अवॉर्ड में दिनेश लाल यादव के फिल्म ‘बॉर्डर’ आउर ‘निरहुआ हिन्दुस्तानी 3’ के खासे जलवा रहल। फिल्म ‘बॉर्डर’ कुल चार अवॉर्ड अपना नाम कईलस। जवना में दिनेश लाल यादव निरहुआ के बेस्ट एक्टर, डायलॉग के खातिर संतोष मिश्र, सपोर्टिंग एक्टर फीमेल के खातीर किरण यादव, लिरिक्स के खातीर प्यारे लाल यादव के चुनल गईल। ‘निरहुआ हिंदुस्तानी 3’ के खातीर बेस्ट एक्टर फीमेल अमरपाली दुबे, म्यूजिक डायरेक्टर रजनीश मिश्र, स्क्रीनप्ले मंजुल ठाकुर, आर्ट डायरेक्शन के खातीर नासिर शेख के अवॉर्ड दिहल गईल। फिल्म दुल्हिन चाही पाकिस्तान से 2 के बेस्ट स्टोरी खातीर राजकुमार आर पांडेय के आउर डेब्यू फीमेल खातीर सुरभि शुक्ला के अवार्ड दिहल गईल।

‘संघर्ष’, ‘डमरू’ आउर ‘दीवानापन’ के भी रहल बोलबाला

‘संघर्ष’ खातीर बेस्ट सोशल फिल्म के अवॉर्ड रत्नाकर कुमार, सपोर्टिंग मेल अवधेश मिश्रा आउर एक्शन डायरेक्टर दिलीप यादव के अवॉर्ड दिहल गईल। बेस्ट विलेन के अवॉर्ड फिल्म दीवानापन के खातीर संजय पांडे, कोरियोग्राफर रिंकी गुप्ता, सिंगर फीमेल प्रियंका सिंह के दिहल गईल। बेस्ट नेगेटिव कैरेक्टर संजय मिश्रा, आउर पापुलर एक्टर के अवॉर्ड प्रदीप पांडे ‘चिंटू’ के दिहल गईल। पवन सिंह अभिनीत ‘मां तुझे सलाम’ फिल्म के खातीर सुरेंद्र पाल सिंह के स्पेशल जूरी मेंशन अवॉर्ड मिलल। साथ ही बेस्ट डायरेक्टर असलम शेख, सिंगर मेल खातीर पवन सिंह के अवॉर्ड दिहल गईल। फिल्म ‘घूंघट में घोटाला’ के खातीर संतोष हरवाड़े के बेस्ट एडिटिंग के खातीर अवॉर्ड मिलल। ‘डमरू’ फिल्म खातीर रोहित सिंह के बेस्ट कॉमेडियन के अवॉर्ड मिलल। फिल्म ‘खुद्दार’ खातीर नरसू बेहरे के बेस्ट पब्लिसिटी के अवॉर्ड मिलल। फिल्म ‘सनकी दरोगा’ के बेस्ट ऑडियोग्राफी के खातीर अवॉर्ड मिलल आउर फिल्म ‘नागराज’ के बेस्ट सिनेमैटोग्राफी के खातीर आरआर प्रिंस के अवॉर्ड दिहल गईल। फिल्म ‘यह इश्क बड़ा बेदर्दी है’ खातीर रोहित राज यादव के बेस्ट डेब्यू मेल आउर ग्लोरी महंता के बेस्ट आइटम सॉन्ग के खातीर अवॉर्ड दिहल गईल। फिल्म ‘मां तुझे सलाम’ खातीर अभय सिन्हा के बेस्ट पॉपुलर फिल्म के खातीर अवॉर्ड दिहल गईल। ओईजा रानी चटर्जी के बेस्ट पॉपुलर एक्टर फीमेल के अवॉर्ड से नवाजल गईल। लाइफ टाइम अचीवमेंट अवॉर्ड किरण कांत वर्मा के मिलल। बी फिल्म्स डिजिटल मीडिया के देवेंद्र गुप्ता को बेस्ट डिजिटल पीआर के अवॉर्ड से नवाजल गईल। रामचंद्र यादव के PRO के खातीर अवॉर्ड दिहल गईल। ‘हमारा महानगर न्यूज़पेपर’ के स्पेशल अवॉर्ड आउर गायक पंडित प्रेम प्रकाश दुबे के स्पेशल अवॉर्ड दिहल गईल। स्पेशल अवॉर्ड डायरेक्टर राजू चौहान आउर एक्टर विनोद कुमार यादव के भी दिहल गईल।

यश कुमार के शानदार होस्टिंग

कार्यक्रम के शुरुआत अभिनेता यश कुमार के शिव तांडव नृत्य से भईल। बाद में ऊ कार्यक्रम के होस्टिंग भी शानदार अंदाज में कईलन। एक्ट्रेस रानी चटर्जी लता मंगेशकर के गाना पर नृत्य प्रस्तुत कके उनके ट्रिब्यूट दिहली आउर अम्रपाली दुबे रीमिक्स गाना पर नृत्य कके दर्शकन के वाहवाही लूटली। एक्ट्रेस अंजना सिंह, सोनालिका प्रसाद आउर आइटम सॉन्ग स्पेशलिस्ट ग्लोरी मोहन्ता अपना मनमोहक नृत्य से दर्शकन के मन मोह लिहली। ऐकरा अलावा बॉबी दत्ता, अनिल यादव अपना मधुर स्वर से दर्शकन के भाव विभोर कर दिहल लोग। एह अवॉर्ड शो के होस्टिंग अभिनेता यश कुमार, अवधेश मिश्रा, आउर सोनालिका प्रसाद द्वारा कईल गईल। अवॉर्ड शो में स्पेशल गेस्ट के रूप में अभिनेता कुणाल सिंह, सुरेंद्र पाल सिंह, शैलेंद्र श्रीवास्तव, अलि खान, बिजनेसमैन दीपक ठाकुर, अजय गुप्ता, पूर्व आईजी डीसी मिश्रा, ज्ञान प्रकाश चतुर्वेदी (आईपीएस), कैप्टन जोगिंदर सैल, उत्तर प्रदेश कांग्रेस कमेटी के प्रमोद सिंह महासचिव, महासचिव गुजरात कांग्रेस कमेटी महेश राजपूत आदि मौजूद रहल लोग।

The post 14वां भोजपुरी फिल्म अवॉर्ड appeared first on Gahana Live.

]]>
https://www.gahanalive.com/bhojpuri-cinema-and-tv-news/14th-bhojpuri-film-award-gahana-live-2730/feed 0
गोल्डेन साड़ी में सज-धज कर लालबाग के राजा के आशीर्वाद लेवे पहुंचली दीपिका पादुकोण https://www.gahanalive.com/cinema-express/deepika-padukone-reached-the-blessings-of-the-king-of-lalbagh-dressed-in-a-gold-sari-1215 https://www.gahanalive.com/cinema-express/deepika-padukone-reached-the-blessings-of-the-king-of-lalbagh-dressed-in-a-gold-sari-1215#respond Thu, 12 Sep 2019 14:55:38 +0000 https://www.gahanalive.com/?p=1215 The post गोल्डेन साड़ी में सज-धज कर लालबाग के राजा के आशीर्वाद लेवे पहुंचली दीपिका पादुकोण appeared first on Gahana Live.

]]>

गणपति महोत्सव पर मुंबई शहर में अलगे चकाचौंध देखे के मिलेला| हर कोई बप्पा के भक्ति में लीन रहेले| आम लोगन के अलावा बॉलीवुड कलाकार भी इ महोत्सव पर खूब उत्साहित दिखाई देलन| जइसे-जइसे गणपति विसर्जन के समय नजदीक आ रहल बा, वइसे-वइसे ही बॉलीवुड कलाकार लाल बाग के राजा के दर्शन करेके खातिर पहुंच रहल बाड़े| हाले में दीपिका पादुकोण भी गणपति विसर्जन से पहिले लाल बाग के राजा के दर्शन करे पहुंचली| भगवान गणेश के दर्शन करे खातिर पंडाल पहुंचली दीपिका पादुकोण के फोटो सोशल मीडिया पर खूब वायरल हो रहल बा|

सोशल मीडिया पर वायरल हो रहल फोटो में दीपिका नंगे पैर पंडाल में जात दिखाई देवत बाड़ी |लेकिन एह सबमें दीपिका के लुक पर सबसे ज्यादा लोगन के ध्यान गईल| दरअसल, दीपिका पादुकोण बप्पा के दर्शन करे के खातिर पारंपरिक लिबास यानी साड़ी पहिनकर गईल रहली, जेकरा में उ काफी खूबसूरत लागत रहली| दीपिका पादुकोण के अलावा बॉलीवुड एक्ट्रेस स्वरा भास्कर भी बप्पा के दर्शन करे पहुंचल रहली, लेकिन उहां से आते समय उनकर कोल्हापुरी चप्पल चोरी हो गईल| इ बात के जानकारी दीपिका खुद वीडियो शेयर करके देले रहली|

दीपिका पादुकोण
दीपिका पादुकोण

आपके बता दीहीं की दीपिका जल्द हीं मेघना गुलजार के फिल्म ‘छपाक’ में नजर आवे वाला बाड़ी| इ फिल्म में दीपिका एसिड अटैक विक्टिम लक्ष्मी अग्रवाल के किरदार अदा करिहें| एकरा अलावा दीपिका पादुकोण आपन पति आउर बॉलीवुड एक्टर रणवीर सिंह के साथ ’83’ में भी नजर अइहें| शादी के बाद दूनों के साथ में इ पहिला फिल्म होई|

The post गोल्डेन साड़ी में सज-धज कर लालबाग के राजा के आशीर्वाद लेवे पहुंचली दीपिका पादुकोण appeared first on Gahana Live.

]]>
https://www.gahanalive.com/cinema-express/deepika-padukone-reached-the-blessings-of-the-king-of-lalbagh-dressed-in-a-gold-sari-1215/feed 0