शिवपाल यादव – Gahana Live https://www.gahanalive.com Gahana Thu, 14 Nov 2019 13:12:34 +0000 en-US hourly 1 https://wordpress.org/?v=6.4.4 कुशीनगर महोत्सव’ में अक्षरा सिंह मचवाली धूम https://www.gahanalive.com/cultural-heritage/akshara-singh-machwali-dhoom-at-kushinagar-festival-gahana-live-2262 https://www.gahanalive.com/cultural-heritage/akshara-singh-machwali-dhoom-at-kushinagar-festival-gahana-live-2262#respond Tue, 12 Nov 2019 11:03:12 +0000 https://www.gahanalive.com/?p=2262 The post कुशीनगर महोत्सव’ में अक्षरा सिंह मचवाली धूम appeared first on Gahana Live.

]]>

उत्तर प्रदेश के चर्चित ‘कुशीनगर महोत्सव’ में भोजपुरी सुपर गर्ल अक्षरा सिंह के ‘बेस्‍ट एक्‍ट्रेस अउर बेस्‍ट सिंगर फीमेल’ के अवार्ड से नवाजल गईल। उनके इ सम्‍मान यूपी के दिग्‍गज नेता शिवपाल यादव, वरिष्‍ठ पत्रकार अजीत अंजुम आउरी एपीन न्यूज़ चैनल के संपादक श्री विनय राय द्वारा दिहल  गईल। अक्षरा ई खबर अपना इन्स्टाग्राम पर पोस्ट कर दिग्‍गज नेता शिवपाल यादव, वरिष्‍ठ पत्रकार अजीत अंजुम आउर एपीन न्यूज़ चैनल के संपादक श्री विनय राय के धन्यवाद दिहली। अक्षरा के इ सम्‍मान भोजपुरी सिनेमा आउर संगीत में उत्‍कृष्‍ट योगदान के खातीर दिहल गईल। एह मौका पर देश भर के कई सम्मानित लोग मौजूद रहल, जवन लोग एह अवार्ड समारोह के गवाह बनलें।

फोटो इन्स्टाग्राम से
फोटो इन्स्टाग्राम से

कुशीनगर महोत्सव’ में ‘बेस्‍ट एक्‍ट्रेस आउर बेस्‍ट सिंगर फीमेल’ के अवार्ड लेके खुश अक्षरा सिंह मंच से शिवपाल यादव आउर अजीत अंजुम के साथे महोत्‍सव के आयोजनकर्ता विनय राय के भी आभार जतईली। उ कहली कि इ हमरा खातीर भोजपुरी समाज के प्‍यार ह कि हमके एह सम्‍मान के खातीर चुनल गईनी। ई निश्चित ही हमार आत्मबल के प्रोत्साहित करी आउर हमरा खातिर मार्गदर्शन बनी। एगो कलाकार के जब ओकरा काम के प्रति सम्‍मान मिलेला, तब उ आउर अच्‍छा करे के खातिर प्रेरित होला।

फोटो इन्स्टाग्राम से
फोटो इन्स्टाग्राम से

अक्षरा सिंह कहली कि हम हमेशा से अपना काम के लेके सजग बानी। जीवन में संघर्ष भी बा, फिर भी अपना चाहे वाला के खातीर हम डटल रहेनी। अईसे में जब केहू हमरा काम के लेके नोटिस करेला, त उ हमके प्रोत्साहित करेला। अक्षरा सिंह के पीआरओ संजय भूषण पटियाला भी बतवले कि अक्षरा अपना मेहनत के दम पर लोग के दिल में एगो खास जगह बनवले बाड़ी। इहे वजह रहल कि अभी हाल ही में उनके बाबू वीर कुंवर सिंह के धरती पर तलवार आउर पगड़ी से सम्‍मानित कईल गईल रहल। अक्षरा अइसन पहिला फिल्‍मी कलाकार बाड़ी, जेके आरा में एह सम्‍मान से सम्‍मानित कईल गईल रहल।

The post कुशीनगर महोत्सव’ में अक्षरा सिंह मचवाली धूम appeared first on Gahana Live.

]]>
https://www.gahanalive.com/cultural-heritage/akshara-singh-machwali-dhoom-at-kushinagar-festival-gahana-live-2262/feed 0