Aieforce – Gahana Live https://www.gahanalive.com Gahana Tue, 08 Oct 2019 13:31:24 +0000 en-US hourly 1 https://wordpress.org/?v=6.4.4 वायुसेना के पराक्रम पर हमनी के काहें बा गर्व https://www.gahanalive.com/news-politics/why-we-are-proud-of-our-indian-air-force-1886 https://www.gahanalive.com/news-politics/why-we-are-proud-of-our-indian-air-force-1886#respond Tue, 08 Oct 2019 11:37:47 +0000 https://www.gahanalive.com/?p=1886 The post वायुसेना के पराक्रम पर हमनी के काहें बा गर्व appeared first on Gahana Live.

]]>

भारतीय वायुसेना के स्थापना के आज 87 साल हो गइल बा। वायुसेना दिवस क अवसर पर गाजियांबाद के हिंडन एयरबेस पर विशेष कार्यक्रम के आयोजन कईल गईल। एह दौरान वायुसेना के जांबाज लड़ाकू विमान से आपन-आपन करतब देखईलें।

हिंडन एयरफोर्स स्टेशन पर आयोजित एयर शो में पहिली बार लड़ाकू हेलीकॉप्टर अपाचे अउर हैवी लिफ्ट हेलीकॉप्टर चिनुक भी आपन ताकत देखईलस। ऐसे पहिले सेना प्रमुख विपीन रावत भारतीय वायुसेना प्रमुख आरके सिंह भदौरिया अउर नौसाना अध्यक्ष करमवीर सिंह राष्ट्रिय युध्द स्मारक पहुँच के शहीदन के श्रध्दांजली अर्पित कईलन। एही बीच वायुसेना अध्यक्ष एयर चीफ मार्शल राकेश भदौरिया कहलन – एयरफोर्स आतंकवाद के दंडित करे खातिर संकल्प लेले बा।
अउर आगे कहलन की आतंकवादी हमला से निपटे के खातीर सरकार के तरीका में बहुत बदलाव भी आईल बा। पड़ोस वर्तमान में सुरक्षा चिंता के विषय बनल बा। पुलवामा जईसन हमला रक्षा पर होखे वाला खतरा के याद दिलावे ला।

वायुसेना दिवस के एह खास कार्यक्रम के मौका पर देश के पुर्व क्रिकेटर सचिन तेंदुलकर भी मौजुद रहलन। ई एयर शो करीब एक घंटा तक चलल। कार्यक्रम के दौरान भारतीय वरिष्ठ अधिकारी लोगन के साथे दुसरे देश के सैन्य अधिकारी भी शामिल रहलन।

एह दौरान भारतीय वायुसेना के आकाश गंगा टीम, गरुड़ कमांडो युनिट, एयर वॉरियर शो अउर विंटेज यानी पुराना ट्रेनर विमान से लेके मेक इन इंडिया थीम के तहत बनल विमान भी आपन करतब देखईलस।

ईहां दर्शक लोग के बइठे खातीर खास इंतजाम कईल गईल रहल। एह एयर शो में टीम सारंग आसमान में दिल के आकृति बनाके दर्शक लोग के दिल जीत लेहलस।

राजनाथ सिंह वायुसेना के स्थापना दिवस पर देश के वीर जवानन के सलाम कईलन और ट्वीट भी कईलन। रक्षामंत्री अपनी ट्वीट में लिखलन की आईएएफ साहस और दृढ़निश्चय के दुसरका नाम ह। नीली वर्दी में देश के जवान आसमान छुए के क्षमता रखेलन।

The post वायुसेना के पराक्रम पर हमनी के काहें बा गर्व appeared first on Gahana Live.

]]>
https://www.gahanalive.com/news-politics/why-we-are-proud-of-our-indian-air-force-1886/feed 0