Anand Kumar – Gahana Live https://www.gahanalive.com Gahana Tue, 17 Dec 2019 13:24:52 +0000 en-US hourly 1 https://wordpress.org/?v=6.4.4 गूगल पर सर्वाधिक खोजे जाये वाला बिहारी https://www.gahanalive.com/bhojpuri-personalities/the-most-searched-bihari-on-google-gahana-live-2671 https://www.gahanalive.com/bhojpuri-personalities/the-most-searched-bihari-on-google-gahana-live-2671#respond Mon, 16 Dec 2019 13:20:21 +0000 https://www.gahanalive.com/?p=2671 The post गूगल पर सर्वाधिक खोजे जाये वाला बिहारी appeared first on Gahana Live.

]]>

Google पर सबसे ज्यादा सर्च जेकरा के  कइल गइल ऊ ह एगो बिहारी……

साल 2018 से अब तक देश भर में सबसे ज्यादा सर्च होखे वाला भारतीय में पहिला नाम विंग कमांडर अभिनंदन वर्धमान के बा । सर्च में दूसरका नंबर पर गायिका लता मंगेशकर आउर तीसरा स्थान पर क्रिकेटर युवराज सिंह बाने। चौथा नाम अबकी बिहार के लाल आनंद कुमार  के बा। आनंद बाबू गूगल सर्च में टॉप बिहारी बने पर बिहार के लोग के धन्यवाद दिहलें। आनंद कहलें कि लोग के प्यार आउर साथ मिलत रहल त जल्दी कुछ बड़हन करब। ‘सुपर 30’ के संचालक आनंद कुमार के नाम एगो आउर उपलब्धि जुड़ला के बधाई। गूगल पर सबसे ज्यादा सर्च बिहारी में उनकर नाम टॉप पर बा।
आनंद कुमार के जीवन पर बनल बा बॉलीवुड फिल्म “सुपर 30”
आनंद कुमार एह साल अपना बायोपिक फिल्म सुपर 30 के लेके चर्चा में रहले। एह फिल्म में अभिनेता ऋतिक रौशन उनकर किरदार के निभवले बाने। ई फिल्म अच्छा-खासा कमाई कइलस अउरी ऋतिक रौशन के बिहारी टोन के सब लोग खूब एन्जॉय कइल।

आनंद कुमार के अमेरिका से हाले में फेडरेशन ऑफ इंडियन एसोसिएशन के 50वां स्थापना वर्ष समारोह में शामिल होखे खातीर आमंत्रण मिलल बा। न्यूयॉर्क में गणतंत्र दिवस के पूर्व संध्या पर आयोजित समारोह में आनंद कुमार शामिल होखे जा ताने। एसोसिएशन सुपर 30 फिल्म के रीयल हीरो आनंद कुमार के आमंत्रण दिहले बा।

आपके बता दीं कि गरीब लइकन के मुफ्त आउर निशुल्क शिक्षा देके प्रतिष्ठित आईआईटी जईसन संस्थान में दाखिला दिलावे के श्रेय आनंद कुमार के जाला। अपना कड़ा मेहनत के दम पर आनंद कुमार ई मुकाम  हासिल कईलन. इहे कारण बा कि गूगल पर सबसे ज्यादा सर्च होखे वाला बिहारी में आनंद कुमार के नाम अव्वल आईल बा।

The post गूगल पर सर्वाधिक खोजे जाये वाला बिहारी appeared first on Gahana Live.

]]>
https://www.gahanalive.com/bhojpuri-personalities/the-most-searched-bihari-on-google-gahana-live-2671/feed 0
बिहार के “ सुपर 30” पर बन रहल बा फिल्म https://www.gahanalive.com/bhojpuri-personalities/a-biopic-on-bihars-super-30-has-make-a-film-483 https://www.gahanalive.com/bhojpuri-personalities/a-biopic-on-bihars-super-30-has-make-a-film-483#respond Fri, 01 Dec 2017 12:37:35 +0000 https://www.gahanalive.com/?p=483 The post बिहार के “ सुपर 30” पर बन रहल बा फिल्म appeared first on Gahana Live.

]]>

लंबा समय से इ चर्चा रहे कि,.. गरीब बच्चा खातीर आईआईटी के कोचिंग चलावे वाला ..बिहार के सुपर-30 के संस्थापक… आनंद कुमार के बायोपिक में रितिक रोशन मुख्य भूमिका में नजर अइहें। आखिर तक इ बात प संदेह बनल रहे कि रितिक फिल्म करतारन की ना। बाकी अब इ कन्फर्म हो चुका बा कि रितिक ही फिल्म में आनंद कुमार के लीड रोल में नजर अइहें। अब इ फिल्म के रिलीज के तारीख भी आ गईल बा। सुपर-30 अगीला साल यानी कि साल 2018 में 23 नवंबर के दिनें रिलीज होइ।

फिल्म के निर्देशन क्वीन जइसन सफल फिल्म बना चुकल विकास बहल कर रहल बाड़न अउर प्रोडक्शन के जिम्मेदारी, फैंटम फिल्मस अउर रिलायंस इंटरटेनमेंट के बा। खबर बा कि आनंद कुमार के बायोपिक में करीब 20 बिहारी कलाकार के मौका दिहल जायी अउर उनकर जीवन संघर्ष से लेके छात्र लोग के परिवेश तक के प्रदर्शित कइल जायी।

Super 30आनंद कुमार कहलन की हम खुश बानी कि रितिक एह फिल्म के मुख्य किरदार में बाड़न। उ आपन काम के लेके समर्पित रहेलन अउर हमरा के उम्मीद बा कि उ हमार किरदार के संगे जरुर न्याय करिहें। रितिक भी फिल्म के टीम संगे मुलाकात कइलें अउर एह फिल्म से जुड़ल कुछ बात के खुलासा भी कइलन।

फिल्म के कहानी बिहार के रहे वाला आनंद कुमार प आधारित बा, जवन हर साल 30 बच्चा के आईआईटी के मुफ्त कोचिंग देवेलन अउर उनकर कोचिंग के लगभग सब स्टूडेंट आईआईटी में सलेक्ट हो जाला। अभी ले सुपर 30 से लगभग 390 से लेके 450 स्‍टूडेंट आईआईटी बन चुकल बाड़न। आनंद इ सराहनीय काम खातीर पूर्व राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी से सम्मानित भी हो चुकल बाड़न। कुछ दिनें पहीले आनंद कुमार अमिताभ बच्चन के संगे ‘कौन बनेगा करोड़पति’ के हॉट सीट प भी नज़र आइल रहन अउर उ 25 लाख रुपया भी जितल रहन।

आनंद आपन असल जिन्दगी के कहानी साझा करते हुए बतवलन कि, हमार पिताजी के चाहत रहे की हम अउर पढ़ी लिखी, बाकी अचानक उनकर देहांत भईला से घर के हालत बिगड़ गईल। तब हमार माई पापड़ बनावे शुरू कइली अउर हम आ हमार भाई पापड़ बेचत रही जा। अब देखे के इ बा कि, एह फिल्म में उनकर कहानी के केतना जीवंत करल गइल बा।

The post बिहार के “ सुपर 30” पर बन रहल बा फिल्म appeared first on Gahana Live.

]]>
https://www.gahanalive.com/bhojpuri-personalities/a-biopic-on-bihars-super-30-has-make-a-film-483/feed 0