Kangana Ranaut – Gahana Live https://www.gahanalive.com Gahana Mon, 09 Sep 2019 08:47:00 +0000 en-US hourly 1 https://wordpress.org/?v=6.4.4 कंगना रनौत भारतीय महिला खातिर कह देहली बड़का बात https://www.gahanalive.com/bhojpuri-cinema-and-tv-news/kangana-ranaut-statement-on-indian-women-1031 https://www.gahanalive.com/bhojpuri-cinema-and-tv-news/kangana-ranaut-statement-on-indian-women-1031#respond Fri, 06 Sep 2019 11:42:53 +0000 https://www.gahanalive.com/?p=1031 The post कंगना रनौत भारतीय महिला खातिर कह देहली बड़का बात appeared first on Gahana Live.

]]>

राष्ट्रीय  पुरस्कार से सम्मानित बॉलीवुड अभिनेत्री कंगना रनौत भारतीय महिला के ले के बड़ा बयान देहलि। कहली की हर भारतीय महिला के साड़ी पहिने आवे के चाही। कंगना एगो फ़ैशन पत्रिका से कहली, “हम सोचेनी कि जदी आप भारतीय महिला बानी, त आपके साड़ी पहिरे आवे के चाही।” संगही उ कहली बिना अपना व्यक्तित्व से समझौता कईले वैश्विक नागरिक (आधुनिक) बनल जा सकता।

एकरा से पहले भी कई डिज़ाइनर आ बॉलीवुड अभिनेत्री के बयान आईल बा।

मशहूर ड्रेस डिज़ाइनर सब्यसाची मुखर्जी के कहनाम बा , “जदी हमरा से केहु कहे कि ओकरा साड़ी पहिरे ना आवेला त हम कहब कि आपके लाज लागे के चाही।

कंगना के कहनाम बा कि साड़ी हमनी के संस्कृति के हिस्सा ह अउरी एकरा हरेक आदमी के खाड़ा होखे चाही।  कुछ लागे बाड़न, जे हमेशा संस्कृति अउरी पहचान के नाम प दोसरा के शर्मिंदा करेले।  लेकिन हम अईसन लोग के पसंद ना करेनी जवन कि कहस कि उनका आफन संस्कार से लगाव नइखे। आप अपना व्यक्तित्व से बिना समझौता कईले भी दुनिया के नागरिक हो सकेनी।

कंगना अपना बयान में साफ-साफ कहली कि विदेश में आवे-जाए अउरी रहे खाती जरूरी नईखे भारतीय संस्कृति अउरी ओकरा पहचान के मेटा दिहल जाए। साड़ी पहिरे वाली महिला भी मॉडर्न हो सकेले अउरी उ अपना पहचान के कायम रख सकेले।

The post कंगना रनौत भारतीय महिला खातिर कह देहली बड़का बात appeared first on Gahana Live.

]]>
https://www.gahanalive.com/bhojpuri-cinema-and-tv-news/kangana-ranaut-statement-on-indian-women-1031/feed 0