Natyotsava – Gahana Live https://www.gahanalive.com Gahana Wed, 04 Dec 2019 11:54:03 +0000 en-US hourly 1 https://wordpress.org/?v=6.4.4 चम्पारण के पहिला शॉर्ट फिल्म फेस्टिवल https://www.gahanalive.com/cultural-heritage/first-short-film-festival-of-champaran-gahana-live-2509 https://www.gahanalive.com/cultural-heritage/first-short-film-festival-of-champaran-gahana-live-2509#respond Wed, 04 Dec 2019 06:48:00 +0000 https://www.gahanalive.com/?p=2509 The post चम्पारण के पहिला शॉर्ट फिल्म फेस्टिवल appeared first on Gahana Live.

]]>

रौशनाई फिल्मेनिया अउरी हर्फ़ मीडिया प्राइवेट लिमिटेड के संयुक्त तत्वाधान में चौबीस से छब्बीस नवम्बर तक नाट्योत्सव अउरी चम्पारण के पहिला शोर्ट फिल्म फेस्टिवल के आयोजन नगर भवन, मोतिहारी में भईल. लघु फिल्मोत्सव के उद्घाटन प्रख्यात सिने अभिनेता, यक्कू फेम अखिलेन्द्र मिश्र, विनीत कुमार, राष्ट्रीय फिल्म पुरस्कार प्राप्त फिल्मकार कमलेश कुमार मिश्र, अभिनेता सत्यकाम आनंद अउरी डॉक्टर मुन्ना पाण्डेय द्वारा संयुक्त रूप से दीप प्रज्ज्वलित कर के भइल.

उद्घाटन भाषण में अखिलेन्द्र मिश्र कहनीं कि सिनेमा में आपन समाज, अपन सभ्यता-संस्कृति अउरी जीवन प्रदर्शित होला. व्यावसायिक सिनेमा के बरक्स लघु फिल्म में सामाजिक सारोकार प्रभावी तरीका से देखावल जाला.  श्री मिश्र इहो कहनीं कि चम्पारण नाट्योत्सव अउरी लघु फिलोत्सव के आयोजन स्वागत योग्य बा. एसे नवका पीढ़ी के फिल्मकार लोग प्रोत्साहित होई अउरी कुछु नया करे के जज्बा परवान चढ़ी.

एह अवसर पर हर्फ़ मीडिया के निदेशक जलज कुमार अनुपम कहले कि नाट्य उत्सव अउरी फिल्म फेस्टिवल आयोजित करे के पीछे एगोमात्र उद्देश्य इहे बा कि आपन क्षेत्र के युवा जेकरा सिनेमा अउरी नाटक में रूचि बा, ओकरा ई माहौल अपना पास मिले, ताकि कलाकारन के लम्बा उड़ान भरे खातिर पंख मिल सके.

लघु फिल्मोत्सव के उद्घाटन राष्ट्रीय फिल्म पुरस्कार प्राप्त फिल्मकार कमलेश कुमार मिश्र के फिल्म किताब से भइल. किताब टॉम ऑल्टर द्वारा अभिनीत आखिरी फिल्म रहल जेकरा के ऊ देख ना पवले. एह फिल्म के कई अंतर्राष्ट्रीय पुरस्कार भी मिल चुकल बा. एकरा अलावा हिंदी, भोजपूरी, अंग्रेजी, तेलुगु, बांगला अउरी मूक २१ फिल्म के प्रदर्शन भइल जेकर नाम डेमोक्रेसी, असोमपातो, लव इस्टोरी, शुद्धि, टीस, विचक्राफ्ट, मुक्ति, करेज ,चियर्स, दान, हक़, गिल्ली-डंडा, सोच-आलय, अजीज, मल, ललका गुलाब, ओ माय गॉड, डिग्री, अपेक्षा, सेक्रेड मैसेज, अउरी भैयाजी लाल ह.

एह अवसर पर सिनेमा के क्षेत्र में विशिष्ट योगदान खातिर डी. के.आज़ाद अउरी डॉक्टर राजेश अस्थाना के प्रथम चम्पारण सिने सम्मान से सम्मानित कइल गइल. फिल्म फेस्टिवल में बेस्ट फिल्म के अवार्ड डेमोक्रेसी, अपेक्षा अउरी सेक्रेड मैसेज के संयुक्त रूप से मिलल. बेस्ट स्क्रीनप्ले अउरी निर्देशन के पुरस्कार फिल्म अपेक्षा के, बेस्ट एक्ट्रेस के अवार्ड सेक्रेड मैसेज के अभिनेत्री शालिनी के, बेस्ट एक्टर के अवार्ड दान के अभिनेता राजू उपाध्याय के, बेस्ट एडिटिंग के अवार्ड सोच-आलय के, बेस्ट स्टोरी के अवार्ड फिल्म दान के, बेस्ट सिनेमाटोग्राफी फिल्म अपेक्षा के, बेस्ट बैकग्राउंड स्कोर ललका गुलाब अउरी बेस्ट इन्वेस्टिगेटिंग फिल्म के अवार्ड भैया लाल जी के मिलल

The post चम्पारण के पहिला शॉर्ट फिल्म फेस्टिवल appeared first on Gahana Live.

]]>
https://www.gahanalive.com/cultural-heritage/first-short-film-festival-of-champaran-gahana-live-2509/feed 0