Poonam Dubey – Gahana Live https://www.gahanalive.com Gahana Wed, 15 Nov 2017 10:19:58 +0000 en-US hourly 1 https://wordpress.org/?v=6.4.4 मिशन बनारस” अउर “सुहागरात” के गाना के मिलल रिकार्डतोड़ दाम https://www.gahanalive.com/bhojpuri-cinema-and-tv-news/record-price-of-mission-banaras-and-suhagrat-songs-362 https://www.gahanalive.com/bhojpuri-cinema-and-tv-news/record-price-of-mission-banaras-and-suhagrat-songs-362#respond Wed, 15 Nov 2017 10:19:58 +0000 https://www.gahanalive.com/?p=362 The post मिशन बनारस” अउर “सुहागरात” के गाना के मिलल रिकार्डतोड़ दाम appeared first on Gahana Live.

]]>

भोजपुरी फ़िल्म जगत के मॉडल अउर एक्ट्रेस पूनम दुबे के दूगो फिल्म के गाना भोजपुरी के नंबर वन म्यूजिक कंपनी वेब म्यूजिक अउर शक्ति ऑडियो अच्छा दाम पर खरीदले बा। शक्ति ऑडियो के दुर्गा प्रसाद मजूमदार जानकारी दिहलन कि “मिशन बनारस” अउर “सुहागरात” नाम के दूनों फिल्म के गाना बहुते बढ़िया बनल बा।

दूनों फिल्म के शूटिंग बड़ स्क्रीन पर भईल बा एहसे कम्पनी इ फ़िल्म के गाना हर हाल में खरीदे के फैसला कइले बा। आप सबे के बता दी कि पूनम दुबे इ समय भोजपुरी के व्यस्त हिरोइन में से एक बाड़ी। फिल्म के शूटिंग के साथे फोटो शूट में भी उ अब्बल नंबर प बाड़ी। पूनम दुबे के कहनाम बा कि इ दूनों फिल्म के साथे एकर गाना अउर कंटेंट बहुते अच्छा बा।

फिल्म मिशन बनारस के निर्देशक दिनेश बंजारा बाड़े जबकि फ़िल्म में नमित तिवारी, संजय पांडे मुख्य भूमिका में बाड़े। सुहाग रात के निर्देशक अजय श्रीवास्तव बाड़न अउर इ फ़िल्म में भी पूनम के अपोजिट नमित तिवारी बाड़न। आइटम क्वीन सीमा सिंह एह फ़िल्म में पूनम के संगे दिखायी दिहें। आपके बता दि एहसे पहिले पूनम के फ़िल्म रंगीला के गाना भी ऊंचा कीमत पर बिकल रहल।

The post मिशन बनारस” अउर “सुहागरात” के गाना के मिलल रिकार्डतोड़ दाम appeared first on Gahana Live.

]]>
https://www.gahanalive.com/bhojpuri-cinema-and-tv-news/record-price-of-mission-banaras-and-suhagrat-songs-362/feed 0