Post Shop – Gahana Live https://www.gahanalive.com Gahana Sat, 25 Nov 2017 13:01:24 +0000 en-US hourly 1 https://wordpress.org/?v=6.4.4 गांव गांव में खुल जाई मॉल, पोस्ट-ऑफिस से बेचल जाई घरेलू सामान https://www.gahanalive.com/bhojpuri-samachar/shopping-mall-will-be-open-in-the-village-home-made-items-will-be-sell-from-post-office-430 https://www.gahanalive.com/bhojpuri-samachar/shopping-mall-will-be-open-in-the-village-home-made-items-will-be-sell-from-post-office-430#respond Sat, 25 Nov 2017 12:54:16 +0000 https://www.gahanalive.com/?p=430 The post गांव गांव में खुल जाई मॉल, पोस्ट-ऑफिस से बेचल जाई घरेलू सामान appeared first on Gahana Live.

]]>

डाक विभाग अब ‘पोस्ट शॉप’ योजना के तहत स्टांप से लेके एलईडी ,सरसों तेल अउर  बाकी समान बेचे के तैयारी कईलस। प्रथम चरण में पटना के प्रधान डाकघर से एकर शुरुआत भईल बा। अगिला 10-12 दिन में बिहार के तीन अउरी बड़ शहर भागलपुर, नालंदा ,अउर  नवादा में एकर शुरुआत क दिहल जाई। डाक विभाग अपना वजूद के बचावे खाती बैंकिंग सेवा के बाद मार्केटिंग के क्षेत्र में उतरे लागल। दूरदराज के गांव के लोग के नीमन सामान पहुंचावे खाती विभाग ‘पोस्ट शॉप’ योजना के शुरुआत क दीहलस।

अब डाकघर एकही छत के नीचे ,पोस्ट दुकान में डाक टिकट, लिफाफा, गंगा जल, एलईडी बल्ब, एलईडी ट्यूब, एलईडी फैन, सजावट के सामान, मधुबनी पेंटिंग के साड़ी अउर सजावटी सामान, मंजूषा आर्ट के साड़ी, ब्रांडेड कंपनी के शुद्ध सरसों तेल समेत बाकी सामान बेची। विभाग फोटो एलबम के साथे ही स्टांप एलबम भी बेची।

India Postअब आधार कार्ड खाती आम आदमी के एने-ओने भटके के ना पड़ी। डाक विभाग के ओर से शुरू भईल पोस्ट शॉप से ही अब आधार कार्ड बनाववल जाई। अतने ना एही काउंटर से आधार कार्ड में संशोधन अउर  बाकी काम भी कईल जाई।

दूरदराज के ग्रामीण क्षेत्र के लोग के अब रेल टिकट खाती भी भटके के ना पड़ी। पोस्ट शॉप से अब रेलवे के आरक्षित टिकट के बेचे के योजना बा। शुरू में पटना समेत चार शहर में इ दुकान के शुरू करे के योजना बा। दिसंबर के अंत तक डाक विभाग इ दुकान के 13 बाकी शहर में शुरू करे वाला बा।

बिहार के पूर्वी क्षेत्र के पोस्ट मास्टर जनरल अनिल कुमार कहले कि, डाक विभाग आम लोग से जुड़ल बा। निमन अउर कम दाम पे जरूरी सामान देवे खाती विभाग पोस्ट शॉप के शुरुआत करे जाता।

The post गांव गांव में खुल जाई मॉल, पोस्ट-ऑफिस से बेचल जाई घरेलू सामान appeared first on Gahana Live.

]]>
https://www.gahanalive.com/bhojpuri-samachar/shopping-mall-will-be-open-in-the-village-home-made-items-will-be-sell-from-post-office-430/feed 0