Rajshreeproduction – Gahana Live https://www.gahanalive.com Gahana Mon, 16 Sep 2019 14:24:42 +0000 en-US hourly 1 https://wordpress.org/?v=6.4.4 फिल्म इंडस्ट्री के प्रसिद्ध भारतीय संगीतकार जोड़ी के जन्मदिन पर जानी उनके कहानी https://www.gahanalive.com/bhojpuri-personalities/the-story-of-famous-indian-mussician-on-his-birthday-1313 https://www.gahanalive.com/bhojpuri-personalities/the-story-of-famous-indian-mussician-on-his-birthday-1313#respond Mon, 16 Sep 2019 14:23:37 +0000 https://www.gahanalive.com/?p=1313 The post फिल्म इंडस्ट्री के प्रसिद्ध भारतीय संगीतकार जोड़ी के जन्मदिन पर जानी उनके कहानी appeared first on Gahana Live.

]]>

रामलक्ष्मण फिल्म इंडस्ट्री के प्रसिद्ध  भारतीय संगीतकार जोड़ी रहले। लक्ष्मण यानि  विजय पाटिल के जन्म 16 सितम्बर 1942 में भइल । 1977 में राजश्री प्रोडक्शन्स के एजेंट विनोद से इ आपन करियर के शुरुआत कइले। लेकिन इ फिल्म के साइन करते वक्त उनकर जोड़ीदार राम कदम के मृत्यु हो गईल लेकिन तबौ उ एही नाम से आगे भी फिल्म में संगीत देहले।

संगीतकार के तौर पर उनकरा राजश्री आउर खासकर के सूरज बड़जात्या के फिल्म में देवल गइल संगीत खातिर याद करल जाला। फिल्म एजेंट विनोद से शुरुआत के बाद हम से बढ़कर कौन,सुन सजना, दीवाना तेरे नाम  फिल्म मे भी संगीत देहले।  लेकिन  1989 में  मैंने प्यार किया फिल्म से उ कई वर्षों बाद सफलता के स्वाद चखलन। एकरा खातिर उनकरा के फ़िल्मफ़ेयर सर्वश्रेष्ठ संगीतकार पुरस्कार से भी सम्मानित करल गइल।   

मैंने प्यार किया के बाद पत्थर के फूल के गाने भी बेहद हिट रहल, लेकिन  एकरा बाद 1994 में आइल फिल्म हम आपके हैं कौन मेगा हिट साबित भइल, जेकर गाना सुपर डुपर हिट रहल।

रामलक्ष्मण
रामलक्ष्मण

1999 में आइल फिल्म हम साथ साथ हैं के गाना भी बहुते हिट भइल रहे… एकरा बावजूद जब सूरज मैं प्रेम की दीवानी हूंखातिर अनु मलिक के साइन कइलन त राम-लक्ष्मण के बहुत बुरा लागल आउर उ भविष्य में राजश्रीबैनर से दूरी बना लेहलन।

The post फिल्म इंडस्ट्री के प्रसिद्ध भारतीय संगीतकार जोड़ी के जन्मदिन पर जानी उनके कहानी appeared first on Gahana Live.

]]>
https://www.gahanalive.com/bhojpuri-personalities/the-story-of-famous-indian-mussician-on-his-birthday-1313/feed 0