Swara Bhaskar – Gahana Live https://www.gahanalive.com Gahana Mon, 16 Sep 2019 14:02:17 +0000 en-US hourly 1 https://wordpress.org/?v=6.4.4 गोल्डेन साड़ी में सज-धज कर लालबाग के राजा के आशीर्वाद लेवे पहुंचली दीपिका पादुकोण https://www.gahanalive.com/cinema-express/deepika-padukone-reached-the-blessings-of-the-king-of-lalbagh-dressed-in-a-gold-sari-1215 https://www.gahanalive.com/cinema-express/deepika-padukone-reached-the-blessings-of-the-king-of-lalbagh-dressed-in-a-gold-sari-1215#respond Thu, 12 Sep 2019 14:55:38 +0000 https://www.gahanalive.com/?p=1215 The post गोल्डेन साड़ी में सज-धज कर लालबाग के राजा के आशीर्वाद लेवे पहुंचली दीपिका पादुकोण appeared first on Gahana Live.

]]>

गणपति महोत्सव पर मुंबई शहर में अलगे चकाचौंध देखे के मिलेला| हर कोई बप्पा के भक्ति में लीन रहेले| आम लोगन के अलावा बॉलीवुड कलाकार भी इ महोत्सव पर खूब उत्साहित दिखाई देलन| जइसे-जइसे गणपति विसर्जन के समय नजदीक आ रहल बा, वइसे-वइसे ही बॉलीवुड कलाकार लाल बाग के राजा के दर्शन करेके खातिर पहुंच रहल बाड़े| हाले में दीपिका पादुकोण भी गणपति विसर्जन से पहिले लाल बाग के राजा के दर्शन करे पहुंचली| भगवान गणेश के दर्शन करे खातिर पंडाल पहुंचली दीपिका पादुकोण के फोटो सोशल मीडिया पर खूब वायरल हो रहल बा|

सोशल मीडिया पर वायरल हो रहल फोटो में दीपिका नंगे पैर पंडाल में जात दिखाई देवत बाड़ी |लेकिन एह सबमें दीपिका के लुक पर सबसे ज्यादा लोगन के ध्यान गईल| दरअसल, दीपिका पादुकोण बप्पा के दर्शन करे के खातिर पारंपरिक लिबास यानी साड़ी पहिनकर गईल रहली, जेकरा में उ काफी खूबसूरत लागत रहली| दीपिका पादुकोण के अलावा बॉलीवुड एक्ट्रेस स्वरा भास्कर भी बप्पा के दर्शन करे पहुंचल रहली, लेकिन उहां से आते समय उनकर कोल्हापुरी चप्पल चोरी हो गईल| इ बात के जानकारी दीपिका खुद वीडियो शेयर करके देले रहली|

दीपिका पादुकोण
दीपिका पादुकोण

आपके बता दीहीं की दीपिका जल्द हीं मेघना गुलजार के फिल्म ‘छपाक’ में नजर आवे वाला बाड़ी| इ फिल्म में दीपिका एसिड अटैक विक्टिम लक्ष्मी अग्रवाल के किरदार अदा करिहें| एकरा अलावा दीपिका पादुकोण आपन पति आउर बॉलीवुड एक्टर रणवीर सिंह के साथ ’83’ में भी नजर अइहें| शादी के बाद दूनों के साथ में इ पहिला फिल्म होई|

The post गोल्डेन साड़ी में सज-धज कर लालबाग के राजा के आशीर्वाद लेवे पहुंचली दीपिका पादुकोण appeared first on Gahana Live.

]]>
https://www.gahanalive.com/cinema-express/deepika-padukone-reached-the-blessings-of-the-king-of-lalbagh-dressed-in-a-gold-sari-1215/feed 0