अक्षय कुमार के एगो आउर धमाका, हंसत-हंसत हो जाइबजा लोटपोट

0
460
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

बॉलीवुड के खिलाड़ीअक्षय कुमार के मोस्ट अवेटेड फिल्म हाउसफुल 4 ‘ के ट्रेलर रिलीज कइल जा चुका बा| लंबा समय के इंतजार के बाद, बॉलीवुड खिलाड़ी अक्षय कुमार फिल्म के ट्रेलर रिलीज कर देले बाड़न| फिल्म हाउसफुल 4′ के ट्रेलर काफी धमाकेदार बा| कॉमेडी से भरपूर इ ट्रेलर देखे के बाद रउआ हंसत-हंसत लोटपोट हो जाइब| बता दीहीं, इ फिल्म 25 अक्टूबर के सिनेमाघर में दस्तक देवे वाला बा|

akshayइ ट्रेलर के रिलीज होवे के बाद अक्षय फिल्म के ले के चल रहल उत्सुकता के आउर ज्यादा बढ़ा देले बाड़न| बता दीहीं कि हाउसफुल 4′ एगो मल्टी-पीरियड ड्रामा फिल्म बा, जहवां हम कलाकार लोगन के उनकर वर्तमान जीवन में देखब जा, जे उनकर 600 साल पहिले के जीवन के पुनर्जन्म होई|

akshayबता दीहीं कि फरहाद सामजी द्वारा निर्देशित हाउसफुल 4′ एगो मल्टीस्टारर फिल्म बा, जेकरा में अक्षय कुमार, कृति सेनन, रितेश देशमुख, कृति खरबंदा, बॉबी देओल, पूजा गर्ग आउर कई कलाकार बाड़न|हाउसफुल 4′ साजिद नाडियाडवाला के नाडियाडवाला ग्रैंडसन एंटरटेनमेंट द्वारा प्रस्तुत आउर निर्मित बा आउर फॉक्स स्टार स्टूडियो द्वारा सह-निर्मित बा|

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here