भोजपुरिया ‘आवारा बालम’ माने अरविंद अकेला

0
852
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

भोजपुरी सिनेमा में शोहरत के बुलंदी तक पहुंचल गायक, अभिनेता अरविंद अकेला  अउर भोजपुरिया सिनेमा के चाहे वाला लोगन के दिल पर राज करे वाली प्रियंका पंडित के जोड़ी बहुत जल्दी ‘आवारा बालम’ में देखाई दिही। फिलहाल ए फिल्म के शूटिंग ज़ोर-शोर से गुजरात में चल रहल बा।

एह फिल्म के ‘आवारा बालम’ माने अरविंद अकेला भी ए फिल्म से बहुत खुश बाड़े। अरविंद अकेला  के  कहनाम बा कि डांस, रोमांस, एक्शन से भरपूर इ फिल्म में कतहू समाज अउर संस्कृति के अनदेखी नईखे भईल। अरविंद अकेला  के लोग कल्लू के नाम से भी जानेला।

अरविंद अकेला  बतवले कि ‘आवारा बालम’ जईसन फिल्म भोजपुरी में कम बनेला। पिछला कुछ समय से धीरे-धीरे भोजपुरीया सिनेमा में बहुत बदलाव आईल बा। अउर इ बदलाव ए सिनेमा में साफ देखाई दिही।

सेट प मौजूद प्रियंका पंडित कहली कि अरविंद अकेला जी के संगे काम करे के अनुभव लाजवाब बा। सब केहु ए फिल्म में आपन पूरा योगदान देले बा।

फिल्म के निर्देशक चंदन उपाध्या बतवले कि ‘आवारा बालम’ के कहानी जेतने मजेदार बा ओतने मजा एकर शूटिंग में आवता। ए फिल्म खाती अरविंद अकेला  आउर प्रियंका बहुत मेहनत करतारे जेकर असर पर्दा प देखाई दिही।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here