पर्दा पर धूम मचावे आ गइल ”बलमा रंगरसिया”

0
828
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

बिहार अउर बंगाल के लोगन के इंतजार भइल खत्म। आज से  बिहार झारखंड अउर बंगाल के सिनेमा घरों में देखे के मिली भोजपुरी फिल्म ”बलमा  रंगरसिया”।

रिलीज होखे से पहिले ही इ फिल्म के लेके दर्शकन में जबरदस्त उत्साह देखे के मिलत रहे।  फिल्म के गाना पहिलहीं से  दर्शकन के जुबान पर चढ गइल बा। बिहार के लोग इ फिल्म के देखे खातीर ऐ से उत्साहित बाड़न कि इ फिल्म के शूटिंग बिहार के बेगूसराय और मुम्बई के लोकेशन पर शुट भइल बा। कहल जाता की दर्शक आपन क्षेत्र के देखे खातीर  काफी उतावला बाड़न । गांधी इंटरटेन्मेंट के बैनर तले बनल बलमा रंगरसिया  के निर्माता विश्वनाथ पोद्दार हवें।

विश्वनाथ पोद्दार एक इंटरभ्यू के माध्यम से कहलें कि इ फिल्म के अश्लीलता से दूर रखल गईल बा अउर  मनोरंजन के भी खास ध्यान रखल गईल बा। सिनेमा घरन में ऐ फिल्म के परिवार के साथे बेहिचक देखल जा सकेला।

फिल्म में मुख्य भूमिका के रूप में  सुंदरम, अमर ज्योति अउर सुधीर कुमार नजर अइहें। इ फिल्म के जमीनी स्तर पे जमके जनसंपर्क  भइल बा। बलमा रंगरसिया प्रेम कहानी पर अधारित फिल्म  बा।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here