भोजपुरी सिनेमा के देखे वाला महिला लोगिन के चलते कारोबार में बढ़त

0
1020
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

देवा फिल्म एंटरटेनमेंट के बैनर तले बनल फिल्म ‘आर पार के माला चढ़ईबो गंगा मईया’ बिहार-झारखंड के सिनेमाघर में रिलीज भईल। इ फिल्म से श्वेता मिश्रा अउर दीपेश वर्मा जहां आपन फिल्मी सफर के शुरूवात कर रहल बाड़न उहें बहुत दिन बाद इ एगो अयीसन भोजपुरी फिल्म आईल, जवना के महिला वर्ग पसंद करतारी। महिला दर्शक के चलते एह फिल्म के सभे शो हाउसफुल चलता। अउर इ फिल्म के कारोबार में लगातार बढ़ोतरी होखता।

फिल्म के लेखक आ निर्देशक गोपाल एस गुप्ता कहले कि इ फिल्म के खासियत इ ह की इ भारत सरकार के ‘गंगा सफाई अभियान’ के समर्थन करतिया अउर ‘नमामि गंगे मिशन’ के प्रति लोग के जागरूक करे के एगो संदेश भी देतिया।

परिवार के केंद्र में राख़ के बनल ए फिल्म के शानदार प्रदर्शन से उत्साहित फिल्म के निर्माता देवेंद्र वर्मा अवुरी टी राजेश कहले कि फिल्म के केन्द्र एगो मनउती के कहानी पर बाटे।एही से गांव-जवार के महिला लोग ए फिल्म के देख के अलग प्रकार के अनुभव करतारी अउर फिल्म के खूब पसंद करतारी।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here