नीतिश के काम से अंखियों से गोली मारे वाली रवीना हो गईली गुस्सा, जानीं का ह मामला

0
438
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

बॉलीवुड के अभिनेत्री रवीना टंडन के बारे में के ना जाने।  रवीना एक से बढ़ कर एक हिट सिनेमा देले बाड़ी। उन कर कई गो गाना आज भी बहुत फेमस बा। अंखियों से गोली मारे और तू चीज बड़ी है मस्त मस्त वाल गाना तो सुपर डुपर फेमस भईल रहे। रवीना टंडन आजकल बिहार सरकार नीतिश कुमार से खिसिया गईल बाड़ी। उ एतना गुस्सा में बाड़ी कि ट्वीट कर कहली की बिहार सरकार के आपन करम के सजा भोगे के पड़ी, उहो दुगुना।

दरअसल, बिहार के किसान लोगन नीलगाय के वजह से आपन फसल बर्बाद होवे के शिकायत करले रहले। सरकार किसान लोगन के फसल बचावे के खातिर राज्य में करीब 300 नीलगाय के शूट करके मारे के फैसला लेले रहले। लेकिन जब ओहमें से एक नीलगाय गोली लगे के बाद भी ना मरल त ओकरा जिंदा दफनावे क फैसला लेवल गईल। ए घटनाक्रम के वीडियो भी सोशल मीडिया पर खूब वायरल होत बा। ए वीडियो पर आपन गुस्सा जताते आउर एह फैसला के विरोध करते हुए रवीना भी ट्वीट कइली।

रवीना लिखली , “हृदयहीन मानव जे भी एह निर्णय के पीछे बा, आशा ह कि उनकरा के एह कर्म के दोगुना दंड मिली.” बता दिहीं कि रवीना सोशल मीडिया पर खूब एक्टिव रहेली। रवीना क इ ट्वीट सोशल मीडिया पर काफी वायरल होत बा। ट्विटर यूजर्स एह घटना पर काफी गुस्सा जाहिर कर रहल बाड़न।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here