भोजपुरी सिनेमा के हीरोईन के मेहनताना, जइसन काम ओइसन दाम

0
1260
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

जइसन काम ओइसन दाम … ई कहाउत गलत नईखे । आज भोजपुरिया फिल्म इंडस्ट्री के हिरोइन  के बात कइल जाओ त आम्रपाली दुबे ,रानी चटर्जी,काजल राघवानी,मोनालीसा अउर अक्षरा सिंह .. इ कुछ अइसन नाम बा जेकर फिस सुनके रउआ सभे भी कहम कि जइसन काम ओइसन दाम ।

  • त चली सबसे पहिले बात कइल जाओ अक्षरा सिंह के …

अक्षरा सिंह भोजपुरी  सिनेमा के नया चहेरा बाडी । बहुत कम समय में आपन सुनदरता अउर देशी लुक से .भोजपुरिया जगत में जगह बनावे वाली  अक्षरा के शुरुआती दौर चुनौतियों से भरल रहे । अक्षरा आपन एक फिल्म खातीर  4 से 6 लाख रुपया फीस लेवेली ।

  • दुसरा नाम ह मोनालीसा के…

मोनालीसा भोजपुरी सीनेमा के जानल पहचानल चेहरा बाड़ी । 50 से भी ज्यादा फिल्म में काम कर चुकली मोनालीसा भोजपुरिया जगत के लगभग सभन सुपर स्टार के संगे सिनेमा बनवले बाड़ी । आइटम सांग खातीर भी इनकर काफी नाम बा। मोनालीसा  के एक फिल्म के फीस 5 से 7 लाख रुपया बा।

  • काजल राघवानी तीसरे नम्बर पर बाड़ी…

काजल के बारे में कहल जाला की इनकर फिल्म जल्दी फ्लाप ना होला । भोजपुरी जगत में इनकर डांस के डिमांड बा । आपन एक्टीग अउर डांस से लोगो के दिलों में राज करेली । काजल राघवानी आपन एगो फिल्म के फीस 6 से 8 लाख रुपया लेवे ली ।

  • अब बारी ह रानी चटर्जी के…

रानी चटर्जी भोजपुरिया जगत के पुरान चेहरा हयी । इनकर फैंस फौलोंइग बहुत ज्यादे बा । इ ज्यादातर नारीप्रधान  फिल्म  बनावेली, ताकि फिल्म के जरिए  समाज में महिला लोग खातीर कुछ अच्छा संदेश जा सके। रानी चटर्जी आपन एक फिल्म खातीर  7 से 9 लाख रुपया फीस लेवेली ।

  • नाम अउर दाम दोनों में नंबर वन पर बाड़ी अभिनेत्री आम्रपाली दुबे …

भोजपुरीया जगत  में अपना के नंबर वन पर रखे वाली आम्रपाली दुबे के फिल्म सुपर डुपर हीट जाला ।आपन अदा अउर ठुमका से लोगन के दिलों पर राज करे वाली आम्रपाली दुबे के फिल्म के गाना भी बहुते हिट रहेला अउर लोगन के जबान पर रहेला । आम्रपाली दुबे के एक फिल्म के फीस ह 8 से 10 लाख रुपया ।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here