लइका काहे बनल लइकी , नेशनल अवार्ड पावे वाला अभिनेता बताई

0
396
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

एक्टर आयुष्मान खुराना के हाले में फिल्म अंधाधुन खातिर नेशनल अवार्ड मिलल बा| आयुष्मान खुराना फिल्म विक्की डोनर से बॉलीवुड में कदम रखले रहले आउर एक के बाद एक आयुष्मान के फिल्म इ साबित कर देलस की उ टैलेंट के पॉवर हाउस बाड़न। बधाई हो, अंधाधुन फिल्मों में शानदार एक्टिंग करेके के बाद अब आयुष्मान खुराना आपन अगला फिल्म ड्रीम गर्ल में पूजा नाम के लइकी के भूमिका निभावत नजर अइहें|

जइसे ही फिल्म के ट्रेलर रिलीज भइल, सोशल मीडिया पर ट्रेंड करे लागल। ट्रेलर देखे के बाद फिल्म के लेकर दर्शक जनो में काफी उत्साह देखे के मिलत बा। हाले में आयुष्मान खुराना 90 के दशक के एक कहानी क खुलासा कइलन जब उ 14 साल के रहन। आयुष्मान खुराना बतइलन कि इ उम्र में उ आपन गर्लफ्रेंड के पिता से लइकी के अवाज में बात कइले रहले।

आयुष्मान खुराना कहलन की उनकर गर्लफ्रेंड के पिता अक्सर उनकरा फोन के जवाब देत रहले, ओकरा बाद उ आपन बेटी के फोन देत रहले। ड्रीम गर्ल फिल्म के बारे में बात करते हुए आयुष्मान खुराना कहलन कि इ मसाला फिल्म बा। साथे आयुष्मान इ भी कहलन कि इ बिलकुल अलग तरह के फिल्म बा। उ कहलन कि इ फिल्म के जरिए हमरा के कमर्शियल फिल्मों के एक्सप्लोर करेके मौका मिलल आउर फिल्म में काम करे में हमरा के बहुत ही ज्यादा मजा आइल।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here