धूम मचावे खातीर तैयार “मिल गइल चांदनिया”

0
948
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

फिल्म मिल गइल चांदनिया अब पटना से मुंबई तक धूम मचावे खातीर तैयार बा। ‘एरा फिल्‍म’ के बैनर तले बनल फिल्‍म ‘मिल गईल चंदनिया’ एक अइसन कलाकार के कहानी बा जवन कला के रूह के प‍‍हचाने ला या यूं कहीं की ओकरा के जीये ला।

पारिवारिक मनोरंजक फ़िल्म ”मिल गईली चंदनिया” के मुख्य भूमिका में ग्लोरी मोहन्ता बाड़िन अउर रजा मुराद मेहमान कलाकार के रूप में बाड़न। एह फिल्‍म के लेखक- डायरेक्‍टर संतोष जैन के कहनाम बा कि ए फिल्‍म के जरिये एगो गरीब अउर सच्‍चा कलाकार के मर्म के देखावे के कोशिश करल गइल बा। फिल्म के कहानी उम्‍दा बा अउर फिल्‍म अब पूरी तरह से बनके तैइयार बा। अब इ जल्‍दी ही रिलीज हो जाइ।

हिंदी सिनेमा में आपन छाप छोड़े वाला अनुभवी अभिनेता रजा मुराद भी ए फिल्म में बाड़न। फिल्‍म ‘मिल गईल चंदनिया’ के डायरेक्‍टर संतोष जैन मुख्‍य रूप से रायपुर के हवन अउर इ उनकर पहिला भोजपुरी फिल्‍म ह। संतोष जैन के भोजपुरी भाषा बहुत पसंद बा। एही खातीर भोजपुरी फिल्‍म निर्माण के क्षेत्र में उ कदम रखलें। संतोष जी के कहनाम बा कि भोजपुरी बहुत मिठ भाषा ह। एक बार सुनके मन खुश हो जा ला। ऐकर दर्शक वर्ग खाली यूपी बिहार में नइखन बल्कि विदेशन में भी बाड़न। एही खातिर हम आपन पहिलका भोजपुरी फिल्म ‘मिल गईल चंदनिया’ लेके आइल बानी अउर उम्‍मीद करत बानी की लोगन के ई फिल्म पसंद आयी।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here