निक जोनस कइलन अर्जुन के खटिया खड़ा

0
509
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

प्रियंका आउर निक| जहां भी साथ दिखेलन, हर तरफ खाली इनकरे चर्चा होवे लागेला| दूनो के कोज़ी लम्हा से जुड़ल तस्वीर भी अकसर सामने आवेला, जेकरा के देख साफ महसूस होखेला कि इहवां प्यार बेशुमार बा| प्रियंका आसपास ना रहेली त उनकर पति निक के तन्हाई चुभे लागेला|

priyanka-nick

दरअसल, आजकाल आपन फिल्म द स्काई इज़ पिंक के प्रमोशन खातिर प्रियंका इंडिया में बाड़ी| उ मुंबई में रह के फिल्म के लेकर अलग अलग रिएलिटी शो में पहुंचत बाड़ी| प्रमोशन खातिर उ माधुरी दीक्षित के डांस रिएलिटी शो में भी पहुंचली| जेकरा से जुड़ल कुछ वीडियो वायरल हो रहल बा| प्रियंका चोपड़ा, माधुरी दीक्षित के साथ उनकर एक आइकॉनिक सॉन्ग डोला रे पर डांस कर रहल बाड़ी|

priyanka and madhuriओहिजे इ शो से जुड़ल, दूनों के एगो आउर वीडियो वायरल हो रहल बा जेकरा में माधुरी आउर प्रियंका एक बार फेर डांस करे खातिर स्टेज पर पहुंचत बाड़ी आउर दोनों पिंगा गाने पर डांस करेली|

जब प्रियंका से शो के होस्ट अर्जुन बिजलानी फ्लर्ट करे लगलन, त सब लोगन चौंक गइलन आउर अचानक शो में निक के एंट्री हो गइल|फेर अर्जुन के खटिया खड़ा हो गईल, काहे की निक साफ-साफ कहलन कि उ प्रियंका के साथ फ्लर्ट ना करे, वरना उ आज अर्जुन के बत्तीसी तोड़ दिहें.. निक इ बात पंजाबी अंदाज़ में बोलन| जेकरा बाद सब हंस हंस कर लोट पोट हो गइलन आउर अर्जुन बिजलानी के होश उड़ गइल|

priyanka-nickदरअसल, वायरल वीडियो में दिख रहल निक के ग्राफ्किस के मदद से खाली मस्ती मज़ाक खातिर बनाया गइल रहल| प्रियंका इ तस्वीर के भी फ्लाइंग किस देवल ना भूलली| आपके बता दिंही कि लंबा समय बाद, प्रियंका बॉलीवुड फिल्म में नज़र आवे वाला बाड़ी| फिल्म के नाम द स्काई इज़ पिंक बा, जेकरा में प्रियंका के ऑपोज़िट फरहान अख्तर दिखिहें|इ फिल्म 11 अक्टूबर को रिलीज़ होई| इ प्रियंका के बतौर प्रोड्यूसर पहिला बॉलीवुड मेन स्ट्रीम फिल्म बा|

the sky is pink

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here