महेश मांजरेकर के बेटी के फोटो सलमान संगे भइल वायरल

0
505
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

बॉलीवुड के सुपरस्टार सलमान खान आजकाल आपन आवे वाला फिल्म ‘दबंग 3’ के शूटिंग में व्यस्त बाड़न| सलमान आपन इंस्टाग्राम अकाउंट पर ‘दबंग 3’ के सेट से एगो तस्वीर शेयर कइलन, जे देखते देखत सोशल मीडिया पर वायरल हो गइल| वइसे इ तस्वीर के वायरल होवल बनतो रहल| काहे की इ तस्वीर के जरिए इ पता चल गइल कि ‘दबंग 3’ में सलमान खान के अपोजिट बॉलीवुड में डेब्यू करे वाली उनकर करीबी दोस्त महेश मांजरेकर के बेटी सई मांजरेकर के लुक कइसन होई|

salman khanइ तस्वीर में सलमान के संगे सई के लुक देखके आपके सोनाक्षी सिन्हा के याद आ जाइ, काहे की सई इ तस्वीर में एकदम सोनाक्षी जइसन नजर आ रहल बाड़ी| ‘दबंग 3’ के निर्देशक प्रभुदेवा बाड़न| सलमान खान आउर उनकरा भाई अरबाज खान एकर निर्माता बाड़न|

Mahesh Manjrekarखबर बा कि सलमान एगो आउर फिल्म बनावे के तैयारी में बाड़न| सलमान ‘मैरिज हॉल’ पर केंद्रित एगो फिल्म के निर्माण करे के योजना बना रहल बाड़न| फिलहाल इ अंदाजा लगावल जात बा की  फिल्म के नाम ‘बुलबुल मैरिज हॉल’ होई| इ फिल्म के रोहित नैय्यर निर्देशित कइले बाड़न| नैय्यर एकरा से पहिले 2009  के फिल्म ‘शैडो’ में काम कइले रहलन|अभी फिल्म के कास्टिंग चल रहल बा| आउर शूटिंग अक्टूबर में शुरू होवे के संभावना बा|

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here