सलमान के हिट फिल्म “वांटेड” अब भोजपुरी में बनी

0
1109
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

भोजपुरी ब्‍लॉक बस्‍टर फिल्‍म ‘सरकार राज’ के बाद एक बार फिर से सुपर स्‍टार पवन सिंह, निर्माता जसवंत कुमार के जोड़ी फिल्‍म ‘वांटेड’ में नजर आवे  वाला बा। एह फिल्‍म के शूटिंग 24 नवंबर से उत्तर प्रदेश में शुरू होयी। एकरा से  पहिले जसवंत कुमार  विराज भट्ट के संगे फिल्म ”होत बा जवानी अब जियान ये राजा जी” अउर  ‘सरकार राज’ जइसन  सफल फिल्‍म देले बाडन।
फिल्‍म ‘वांटेड’ के निर्माण श्री जे सोहरता प्रोडक्‍शन द्वारा भइल बा। जसवंत कुमार के  कहनाम बा  कि ‘वांटेड’ कमाल के एक्‍शन थ्रिलर फिल्‍म ह। एकरा में  पवन सिंह के किरदार लोगन  के काफी पसंद आइ। फिल्‍म के हर किरदार के बेहद बारीकी से तइयार करल गइल बा।

जसवंत इ हो बतवलन  कि फिल्‍म ‘वांटेड’ में पवन सिंह के अपोजिट बंगाली न्‍यू कमर मणि भट्टाचार्य के कास्‍ट करल गइल बा। इ अभिनेत्री में काफी टाइलेंट अउर मेंहनत दिखता। एकरा से पहिले मणि  फिल्‍म “जिला चंपारण” से भोजपुरी फिल्म इंडस्‍ट्री में कदम रखले बाड़ी। उ आपन इ भूमिका के काफी प्रभावशाली ढंग से निभईले रही। आप सबे के बता दी कि फिल्‍म ‘वांटेड’ के डायरेक्‍टर सुजीत कुमार सिंह हवन। फिल्‍म के कहानी वीरू ठाकुर लिखले बाड़न अउर म्‍यूजिक.. डायरेक्‍टर छोटे बाबा  के ह।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here