अंडे के भुर्जी’ पर सपना के जबरदस्त डांस, सूट-सलवार छोड़ नया अंदाज में दिखली

0
720
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

हरियाणवी डांसर, सपना चौधरी के हर अंदाज उनकर फैंस के खासा पसंद आवेला | बिग बॉस के कंटेस्टेंट रह चुकल सपना हमेशा आपन वीडियो खातिर सुर्खी में रहेली| अईसन में एक बार फेर उनकर एगो डांस वीडियो सोशल मीडिया पर जमकर वायरल हो रहल बा|

sapna_choudharyहरियाणा से लेके बॉलीवुड में धमाल मचा रहल सपना चौधरी के एगो पुराना वीडियो डांस अंडे की भुर्जी‘  सोशल मीडिया पर ट्रेंड कर रहल बा। लगभग 3 मिनट के इ वीडियो में सपना के लटका झटका खूब पसंद कईल जा रहल बा । सपना के इ वीडियो के अब तक 86 लाख 47 हजार से भी ज्यादा बार देखल जा चुकल बा।

sapna danceआपके जानकारी खातिर बता दीहीं कि स्टेज शो के साथे साथ सपना के डिमांड आजकाल फिल्म इंडस्ट्री में भी बढ़ गईल बा। बॉलीवुड के साथ भोजपुरी अउर साउथ सिनेमा में भी सपना आपन स्टारडम बिखेर रहल बाड़ी । उनकर डिमांड एतना बढ़ गईल बा कि उ हर शो के लाखों रूपया लेवली। 

देशभर में राम नवमी के त्‍योहार मनावल गईल अउर नवमी के इ मौका पर देशभर में कंजक पूजन की प्रथा बा  अइसन में सपना भी आपन घर पर कंजक पूजा कईली अउर एकर कुछ तस्‍वीर उ आपन इंस्‍टाग्राम अकाउंट पर शेयर कईली  इ तस्‍वीर में सपना कंजिका के बीच बईठल नजर आ रहल बाड़ी 

हाले में सपना आपन ग्लैमरस फोटोशूट करववले बाड़ी। जेकरा में उ गजब के खूबसूरत लागत बाड़ी। सपना आपन फोटोशूट के फोटो इंस्टाग्राम अकाउंट पर शेयर कईली। फोटो में बिग बॅास 11 फेम सपना चौधरी सूट-सलवार के छोड़ एगो नया लुक में दिखाई देत बाड़ी। इ उनकर अब तक के सबसे बोल्ड लुक मानल जा रहल बा। इ तस्वीर में सपना पारदर्शी टॅाप पहिनले बाड़ी । ओकरा साथ उ डेनिम शॅार्टस पहिनले बाड़ी। आपन इ लुक में सपना बहुत ग्लैमरस अउर हॅाट दिखाई दे रहल बाड़ी। 

sapna photoshoot

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here