कम उम्र में ही इ अभिनेत्री ने बड़े पर्दे पर रखा था कदम

0
1076
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

‘पटना से पाकिस्तान’ जइसन सुपरहिट ‌फिल्म देवे वाली भोजपुरी फिल्म अभिनेत्री काजल राघवानी बहुत कम उम्र में ही फिल्मी पर्दा पर कदम रखले रहलीन अउर आज भोजपुरी फिल्म जगत में सबसे ज्यादा कमाये वाली अभिनेत्री में शुमार हो गइल बाड़ी।

अबले पचासन फिल्‍म कर चुकल अभिनेत्री काजल राघवानी के अभिनय करियर के शुरुआत गुजराती फिल्म से भईल रहे। “देवरा भइल दीवाना” उनकर सबसे ज्यादा चर्चित फिल्म रहे। काजल राघवानी सबसे ज्यादा फिल्म खेसारी लाल संगे बनवले बाड़ी। खेसारी लाल यादव अउर उनकर जोड़ी सुपरहिट बा। काजल राघवानी के बचपन बहुत संघर्ष में बीतल बा। बाकी एक बार बड़ा पर्दा पर कदम रखला के बाद उ पीछे मुड़के ना देखली। बतावल जाला कि उ एगो फिल्म खातीर छह से सात लाख रुपया लेली।

काजल राघवानी इंटरनेट प भी छाईल रहेली। उनकर वीडियो यूट्यूब प भी खूब देखल जाला। सुपरस्टार पवन सिंह के संगे उनकर एगो वीडियो भोजपुरिया राजात चार करोड़ से भी ज्यादा बार देखल गइल बा।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here