आज भोजपुरिया बॉक्‍स ऑफिस पर होई चिंटू और कल्‍लू के जबरदस्‍त भिड़ंत

0
1013
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

भोजपुरिया सिनेमा के दुगो बड़ सुपर स्‍टार प्रदीप पांडे उर्फ चिंटू अउर अरविंद अकेला उर्फ कल्लू 17 नवंबर के बॉक्‍स ऑफिस पर दू-दू हाथ करत नजर अइहें। काहे कि आज भोजपुरिया बॉक्स ऑफिस पर चिंटू अउर कल्लू् के फिल्‍म रंगीला‘ अउर रब्बा इश्क ना होवे‘  सिनेमाघर में रिलीज होखे जा रहल बा।

दुनों फिल्‍म पारिवारिक अउर भोजपुरिया जवार के जोड़ेवाला बा। एह से दुनों फिल्‍म के जबरदस्‍त भिड़ंत होखल लाजमी बा। हालांकि दुनों के कहानी एक दूसरे से काफी अलग बा।

बात अगर भोजपुरिया स्‍क्रीन के चहेता स्‍टार प्रदीप पांडे उर्फ चिंटू पांडेय के फिल्‍म रंगीला के कइल जा त इ आदि शक्ति एंटरटेनमेंट अउर सोहम फिल्‍म्‍स के बैनर तले बनल बा। एमें चिंटू धरती से लेके यमलोक ले आपन अदाकारी से दर्शक लोग के दिल जीतले बाड़न।

फिल्‍म एगो अइसन लईका के कहानी पर आधारित बा, जवन आपन सपना के शहजादी के तलाश में र‍हेला अउर जब उ शहजादी मिल जाले त ओकरा बाद, फिल्‍म में जवन होला, बहुते रोमांचक अउर मनोरंजक बा।

ओहिजे अरविंद अकेला उर्फ कल्लू के फिल्म रब्बा इश्क ना होवेके बात कइल जा त इ फिल्म समाज के आडंबर के पहरेदार अउर दुगो प्‍यार करे वाला के बीच के दास्‍तां ह। खास के जवना घड़ी ब्रह्मचारी बनल कल्‍लू के रिझावे खातीर रितु सिंह तरह-तरह के जतन करेलीन। फिल्‍म के दूसरा भाग भी मजेदार ह, जवना में इश्‍क के दुश्‍मन संगे कल्‍लू के जंग होखेला। फिल्‍म के क्‍लाइमेक्‍स अउर भी खास ह, जहवां कल्‍लू के दूसरा अवतार नजर आवेला।

अब देखे के बा कि आज के भोजपुरिया दंगल में बाजी के मार ले जाला?

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here