विजयादशमी के दिन शस्त्र पूजा

0
921
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

सनातन परंपरा में शस्त्र आउर शास्त्र दुनु के बहुत महत्व बा। शास्त्र की रक्षा आउर आत्मरक्षा के खातिर धर्मसम्म्त तरीका से शस्त्र के प्रयोग होला।  प्राचीनकाल में क्षत्रिय शत्रु पर विजय के कामना खातिर एही दिन के चुनाव युद्ध के खातिर करत रहले। पूर्व के भांति आज भी शस्त्र पूजन के परंपरा कायम बा। देश के तमाम रियासत और शासकीय शस्त्रागार में आज भी शस्त्र पूजा बड़ी धूमधाम के साथ कईल जाला। आज के शस्त्र पूजा से भारत अऊर अधिक मजबूत होई,  दुश्मन के थर्रावे के हो गईल बा बंदोबस्त। एह बार दशहरा पर होये वाला शस्त्र पूजा पूरा भारत के खातिर बेहद खास होखे वाला बा। इ एतना खास बा कि इ हर भारतीय के आपन सीना गर्व से चौड़ा करे के हक भी देहले बा। दशहरा पर शस्त्रप पूजा के  चलन त काफी पुराना बा, लेकिन उत्तर भारत में इ रंगत देखते ही बनेला। आरएसएस हर वर्ष दशहरा वाला दिन शस्त्रं पूजा करेला। दशहरा पर एह बार शस्त्रव पूजा के गूंज भारत के सरहद के लांघ के फ्रांस तक सुनाई देवे वाला बा।

अइसन एह खातिर काहें की रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह वहां पर राफेल फाइटर जेट के पूजा करे वाला बाड़न। आप सब के बता दीं कि 8 अक्टूाबर के ही फ्रांस आधिकारिकतौर पर भारत के राफेल विमान सौंपे वाला बा। एही वजह से रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह पेरिस गइल बाड़न। इहां पर उ राफेल विमान में उड़ान भी भरे वाला बाड़न। एकरे साथ ही उ इ विमान में उड़ान भरे वाला देश के पहिला रक्षा मंत्री भी बन जइहन। राजनाथ के शस्त्र  पूजा के साथ ही दुनिया के सबसे ताकतवर लड़ाकू विमान में गिने जाए वाला राफेल भारतीय वायुसेना में शामिल भी हो जाइ। राफेल की बात कइल जाव त इ अइसन शुभ मौका पर भारतीय वायुसेना को मिल रहल बा जब बुराई पर अच्छाई के जीत के जश्न पूरा भारत में दशहरा के रूप में मनावल जा रहल बा। एकरे अलावा इ इत्तवफाक ही बा कि एह दिन भारतीय वायु सेना दिवस भी बा। राफेल विमान मीटियोर और स्काल्प मिसाइलन से लैस होई। एकर मारक क्षमता एतना बेजोड़ बा कि एकरे बाद इ पूरा क्षेत्र में भारत के दबदबा पहले से कहीं अधिक बढ़ जाइ।

मीटियोरऔर स्काल्प क्रूज मिसाइल हवा से हवा में मार करने वाला मीसाइल ह। मीटियोर को की अगली पीढ़ी की मिसाइल भी कहा जाला और इ एशिया में कौनो दूसरे देश के पास नाहीं बा।ओहिजा स्का ल्पत के मारक रेंज काफी अधिक बा। इ मिसाइल कौनो भी मौसम में लक्ष्य  के भेद सकले में सक्षम बा। फिलहाल इ मिसाइल फ्रांस के अलावा ब्रिटेन के पास भी बा। गल्फ वार के दौरान एकर इस्तेमाल हो चुकल बा।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here