मुजफ्फरपुर आम्रपाली रंग महोत्सव, 11 राज्य के दिग्गज कलाकार करिहें शिरकत

0
700
Bihar, Muzaffarpur, Amrapali Rang Mahotsav, Veteren Artist, Cultural Programme
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

मुजफ्फरपुर में 23 जनवरी से 2 फरवरी तक अम्रपाली रंगमहोत्सव के आयोजन होखे वाला बा। एह महोत्सव में कई राज्य के कलाकार शामिल होखे वाला बाड़ें। जिला स्कूल मैदान में होखे वाला महोत्सव में 23 जनवरी से 2 फरवरी तक चली। महोत्सव में देश के प्रसिद्ध थियेटर  कलाकार नाट्य कला के मंचन करिहें। एह महोत्सव में भोजपुरी फिल्म के सुपरस्टार रवि किशन के साथे-साथ हिंदी फिल्म के मशहुर अभिनेता अखिलेंद्र मिश्र, रघुवीर यादव, विनीत कुमार आउर संजय उपाध्याय भी शामिल होईहें।

नगर विकास आउर आवास मंत्री सुरेश शर्मा कहलन कि एह महोत्सव में राष्ट्रीय आउर अंतराष्ट्रीय स्तर के नाट्य संस्थान के ओर से नाटक के प्रस्तुति होई।

आपके बता दीं कि महोत्सव में 11 दिन तक अलग-अलग नाटक के मंचन होई। महोत्सव में कथक नृत्य के साथे-साथ देश से जुड़ल सांस्कृति कार्यक्रम के आयोजन होई। महोत्सव में देश के जानल-मानल कलाकरान के आगमन से एह बार के महोत्व बड़ा स्तर पर होखे वाला बा। महोत्सव में 11 राज्य के कलाकार शामिल होईहें।

महोत्सव में मध्यप्रदेश, दिल्ली, पटना, मुंबई आउर हरियाणा के थियेटर कलाकार अपना कला के प्रदर्शन करिहें। महोत्सव  के शुभारंभ भिखारी ठाकुर के प्रसिद्ध नाटक “बिदेशिया” से होई। महोत्सव में हिन्दी साहित्य के मशहूर उपन्यासकार प्रेमचंद्र के कहानी के भी मंचन होखे वाला बा। एकरा अलावा ‘मैं बोझ नहीं भविष्य हूँ, हम तो ऐसे ही हैं, मांस के रूदन, आउर मल्लाह टोली जईसन नाटक के मंचन होई।’ महोत्सव में कलाकार 30 लोक नृत्य आउर 22 नुक्कड़ नाटक के भी प्रस्तुति करिहें।

आपके बता दीं कि थियेटर के दुनिया से मुजफ्फरपुर के पुराना नाता रहल बा। सिनेमा जगत के नामचीन कलाकार आउर रंगकर्मी पृथ्वीराज कपूर भी मुजफ्फरपुर में कई बार नाट्य प्रस्तुति दिहले रहनी। कवि आउर साहित्यकार जानकी वल्लभ शास्त्री के इहां पृथ्वीराज कपूर के आगमन आउर थियेटर करे के किस्सा आज भी बड़ा मशहूर बा।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here