गलियन के शहर बनारस

0
1492
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

बनारस गलियन के शहर ह। अगर आप सभे के निगाह भी बनारस के दिदार कईल चाहतीया, त आइ, घूमि अउर जानी इ शैतान के आंत जइसन भूलभुलैया वाला संसार के। एगो आश्चर्यजनक दर्शनीय स्थान काशी के गलियन के बारे में।

 

  1. विश्वनाथ गली – इ गली काशी के सबसे प्रसिद्ध गली ह। इ गली ज्ञानवापी चौक से शुरू होके विश्वनाथ मंदिर होके दशाश्वमेध घाट तक जाला।
  2. कचौड़ी गली – इ गली विश्वनाथ गली के ठीक पीछे स्थित बा। इ गली के सबसे बड़ विशेषता ह कि इहां अधिकांश दुकान कचौड़ी के ह।
  3. खोवा गली – इ गली में खोवा के बहुत बड़ मण्डी लगेला।
  4. ठठेरी बाजार गली – इ गली चौक क्षेत्र में स्थित बा। इ गली में बर्तन बनेला अउर बिकेला भी।
  5. दालमण्डी गली – इ गली काशी के दुगो महत्वपूर्ण बाजार चौक अउर नई सड़क के आपस में जोड़ेला।
  6. नारियल बाजार गली – इ गली चौक थाना के ठीक पीछे ह, जवन दालमण्डी गली मे आके मिलेला।
  7. घुंघरानी गली – इ गली दालमण्डी से निकल के काशीकस मुख्य बाजार और बांसफाटक के आपस में जोड़ेला।
  8. गोविंदपुरा गली – इ गली चौक क्षेत्र मे चौक मजार से पहिले बा। एह गली में सोना चांदी के आभूषण, रत्न आदि के दुकान बा।
  9. रेशम कटरा गली – इ गली गोविन्दपुरा गली के मुख्य शाखा ह। एह मे सोना चांदी के आभूषण, रत्न आदि के दुकान बा।
  10. विंध्यवासिनी गली – इ गली में विंध्याचल माता के मंदिर बा, जवन मिर्ज़ापुर में स्थित विंध्याचल मंदिर के प्रतिमा के प्रतिरूप ह।
  11. कालभैरव गली – इ गली विश्वेश्वरगंज क्षेत्र में बा। इ भैरोनाथ चौराहा से आरम्भ होके कालभैरव मंदिर तक फैलल बा।
  12. भूतही इमिली के गली – इ गली मैदागिन क्षेत्र में स्थित टाउनहाल मैदान के पीछे ह। इ मालवीय मार्केट से आरम्भ होके भैरवनाथ क्षेत्र तक जाला।
  13. सप्तसागर गली – इ गली मैदागिन क्षेत्र में बा। इ गली में पूर्वांचल के सबसे बड़ दवा मण्डी बा।
  14. आसभैरव गली – इ गली निचला क्षेत्र में बा। एह गली में सिक्ख भाई लोगन के पवित्र गुरुद्वारा स्थित बा।
  15. कर्णघंटा गली – इ गली कर्णघंटा क्षेत्र में पड़ेला अउर कर्णघंटा से शुरू होके रेशम कटरा तक जाला।
  16. गोला दीनानाथ गली – गोला दीनानाथ गली में पूर्वांचल के सबसे बड़ मसाला के मण्डी ह। इ गली कबीरचौरा क्षेत्र में स्थित बा।
  17. गोपाल मंदिर की गली – इ गली बुलानाला क्षेत्र से प्रारम्भ होके गोपाल मंदिर तक जाला।
  18. पत्थर गली – काशी में दुगो पत्थर गली ह। पहिला जतनबर के पत्थर गली अउर दूसरा चौक क्षेत्र के पत्थर गली।
  19. हनुमान गली – इ गली हनुमान घाट से प्रारम्भ होके अस्सी अउर गोदौलिया मार्ग के आपस में जोड़ेले।
  20. तुलसी गली – इ गली अस्सी क्षेत्र में पड़ेला। गोस्वामी तुलसीदास जी के मृत्यु एही गली में भईल रहे।
  21. गुदड़ी गली – इ गली में “बड़ा गुदड़ जी अउर “छोटा गूदड़ जी” के नाम के दुगो प्रसिद्ध अखाड़ा बा। एह गली तुलसी गली से हो के निकलेला।
  22. शिवाला गली – इ गली शिवाला घाट से शुरू होके शिवाला घाट के मुख्य मार्ग से जोड़ेला।
  23. खिड़की गली – दु सौ साल पुरान इ गली खिड़की घाट से प्रारम्भ होखेला।
  24. जुआड़ी गली – अइसन कहल जाला कि प्रसिद्ध जुआड़ी नन्द दास आपन एक दिन के जुआ के कमाई से इ गली के बनववले रहे। बाकी अब इ गली विलुप्त हो चुकल बा।
  25. ढुंढिराज गली – इ गली चौक क्षेत्र के ज्ञानवापी से आरम्भ होखेला। इ गली में गणेश जी के मंदिर ह। एही से इ गली के गणनाथ विनायक के नाम से भी जानल जाला।
  26. संकठा गली – इ गली में संकठा देवी के मंदिर ह। इ गली संकठा घाट से प्रारम्भ होखेला।
  27. पशुपतेश्वर गली – इ गली चौक क्षेत्र से आरम्भ होके राम घाट तक जाला। इ गली में पशुपतेश्वर महाराज के मंदिर बा।
  28. पंचगंगा गली – पंचगंगा घाट के नाम पर इ गली के नाम पंचगंगा गली पड़ल। पंचगंगा घाट पर पांच नदियन के संगम होखेला।
  29. चौरास्ता गली – इ गली गायघाट से शुरु होके त्रिलोचन घाट तेलिया नाला होके चौखम्भा तक जाला।
  30. नेपाली गली – सुप्रसिद्ध नेपाली मंदिर के नाम पर ही इ गली के नाम नेपाली गली पड़ल रहल। इ विश्वनाथ गली अउर ललिता घाट के आपस में जोड़ेला।
  31. सिद्धमाता गली – इ गली मैदागिन क्षेत्र के गोलघर में स्थित बा। इ गोलघर के मुख्य मार्ग से जोड़ेला।
  32. कामेश्वर महादेव गली – इ गली मच्छोदरी पर बिड़ला हॉस्पिटल के सामने से आरम्भ होखेला।
  33. त्रिलोचन महादेव गली – इ गली गायघाट से प्रारम्भ होके त्रिलोचन महादेव मंदिर तक जाला।
  34. पाटन दरवाजा गली – इ गली गायघाट से शुरू होके बद्री नारायण घाट तक जाला।
  35. भार्गव भूषण प्रेस वाली गली – इ गली मच्छोदरी स्थित भार्गव भूषण प्रेस के मच्छोदरी मुख्य मार्ग से जोड़ेला। एह से इ गली के भार्गव भूषण गली कहल जाला।
  36. लट्ट गली – इ गली जतनबर में स्थित बा अउर गणेश गली के आपस में जोड़ेला।
  37. नईचाबेन गली – इ गली कोयला बाजार से प्रारम्भ होके बहेलिया टोला तक जाला।
  38. नचनी कुआं गली – इ गली कोयला बाजार से होके भदऊ चुँगी तक जाला।
  39. चित्रघंटा गली – इ गली चौक क्षेत्र से शुरु होके रानी कुआं तक जाला अउर इ गली में चित्रघंटा माता के मंदिर बा।
  40. गढ़वासी टोला गली – इ गली चौखम्भा से शुरु होके संकठा गली में जाके मिलेला।

41.भारद्वाजी टोला गली – इ गली प्रहलाद घाट से होके भदऊ चुँगी तक जाला।

  1. हाथी गली – इ गली बीबी हटिया के गली से शुरु होके दादुल चौक होके ब्रह्मा घाट तक जाला।
  2. कातरा गली – इ गली राज मंदिर क्षेत्र में पड़ेला।
  3. चौखम्भा गली – इ गली चौखम्भा क्षेत्र से शुरू होके ठठेरी बाजार में आके मिलेला।
  4. सुग्गा गली – सुग्गा गली ठठेरी बाजार से शुरु होके रानी कुआं तक जाला।
  5. गोला गली – ठठेरी बाजार स्थित भारतेन्दु भवन के पीछे के गली के गोला गली के नाम से जानल जाला। इ गली ठठेरी बाजार के मुख्य गली से निकलेला।
  6. ननपटिया गली – नन माने छोटी जाति क लोग। इ गली में रस्सी अउर जूट से बनल बोरा के सिलाई होला। जेकरा चलते इ गली के ननपटिया गली कहल जाला।
  7. नरहर पुरा गली – नरेश्वर महादेव के नाम पर इ गली के नाम नरहर पुरा गली पड़ल। इ गली डीएवी रोड से शुरु होके नरेश्वर महादेव मंदिर तक जाला।
  8. अगस्त कुण्डा गली – इ गली गौदोलिया तांगा स्टैंड के पास से शुरु होके दशाश्वमेध घाट तक जाला।
  9. मीरघाट गली – इ गली मीरघाट से प्रारम्भ होके दशाश्वमेध घाट तक जाला।
  10. मणिकर्णिका गली – इ गली मणिकर्णिका घाट से होके कचौड़ी गली में आके मिलेला।
  11. शवशिवा काली गली – इ गली सोनारपुरा में स्थित बंगाली टोला इण्टर कॉलेज के सामने से शुरु होके पाण्डेय घाट तक जाला।
  12. बड़ा गणेश वाली गली – इ गली लोहटिया क्षेत्र से शुरु होके बड़का गणेश मंदिर तक जाला।
  13. कुंज गली – कुंज गली रानी कुआं से शुरु होके कचौड़ी गली में जाके मिलेला।
  14. भूलेटन गली – इ गली भूलेटन क्षेत्र से शुरु होके दालमण्डी के गली से होखते घुघरानी गली के प्रारम्भ पर जाके मिलेला।
Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here