सौ साल के हो गईल पटना विश्वविद्यालय

0
1761
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

दिग्गजों के जन्मदाता,बिहार के गौरव पटना विश्वविद्यालय के सौ साल पुरा हो गईल बा। पटना यूनिवरिसिटी के गौरवशाली शतक प आयोजित समारोह में पीएम मोदी सहीत बिहार के सीएम नितीश कुमार शिरकत कइलें।

पटना विश्वविद्यालय देश के सातवां सबसे पुरान विश्वविद्यालयों में से एक ह, जेकर स्थापना अक्तूबर 1917 में भइल रहे। पटना विश्वविद्यालय के सौवीं वर्षगांठ प सीएम नितीश कुमार पीएम मोदी से एकरा के सेंट्रल यूनिवर्सिटी के दर्जा देवे  के मांग कइलन।

1917-2017 Patna Universityप्रधानमंत्री शताब्दी समारोह के दौरान पटना यूनिवर्सिटी के देश के शीर्ष 20 यूनिवर्सिटी के लिस्ट में भी शामिल करे के ऐलान कइलन। मोदी बीसों यूनिवर्सिटीज के राजनीतिक हस्तक्षेप से दूर प्रतियोगिता में सर्वश्रेष्ठ वर्ल्ड क्लास बनावे खातीर 10 हजार करोड़ के सहायता देवे के भी घोषणा कइलन।

साथहीं उ आपन संबोधन में कहलें कि पटना यूनिर्सिटी कईगो बड़ नाम देश के दिहले बा। सरस्वती के साधना में खपल बिहार प अब मॉ लक्ष्मी के कृपा बरसी। अइसन धरती के प्रणाम बा।

राजनीति क्षेत्र  के बात कइल जाओ त आपन अलग पहचान बनावे  वाला लालू प्रसाद यादव, रवि शंकर प्रसाद, सुशील कुमार मोदी, सामाजिक कार्यकर्ता बिंदेश्वरी पाठक, आधुनिक युग में योग के जनक मानल जाए वाला तिरुमलाई कृष्णामचार्य भी इहे  विश्वविद्यालय के देन हवन।

एह मौका प विश्वविद्यालय के वाइस चांसलर रास बिहारी प्रसाद सिंह कहलें कि  इ बेहद गर्व के क्षण बा।हम इ प्रसिद्ध संस्थान के गौरव बहाल करे खातीर संकल्प ले तानी। ताकि इ अगला 100 साल ले असहीं चमकत रहे।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here