काशी के मुमुक्षु भवन, जहवां मोक्ष चाहे वाला रहेलsन

0
1446
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

काशी शहर..जेकर जड़ के बारे में खुद इतिहास भी आपन सब ज्ञान भूला जाएला। महागाथा से हट के …जवन परंपरा से भी प्राचीन ह…उहे जटाधारी बाबा शिव के नगरी काशी के भीड़भड़ल इलाका के…एगो कोना में अनोखा इमारत बा…जेकर कमरा मौत खातीर आरक्षित बा।

जवन लोग मरे वाला बारन चाहे मृत्युशैय्या पर हवन अउर ‘मोक्ष’ में यकीन रखेलन उ आपन आध्यात्मिक संतोष खातीर इहवां आवेलन।

‘काशी लाभ मुक्ति भवन’ के नाम से जानल जाए वाला इ दुमंजिला इमारत में अइसन बुजुर्ग डेरा डालेलन जे आध्यात्मिक मुक्ति के तलाश में आपन जिनगी के अंतिम पड़ाव पर होखेलन।

वाराणसी ‘भारत के धार्मिक राजधानी’ के रूप में मशहूर ह…जहवां हजारन लोग आपन अलग-अलग आध्यात्मिक मकसद से आवेलन। कुछ अंतिम संस्कार खातीर…कुछ आपन नवजात शिशु के जन्म संस्कार खातीर त कुछ शांति से मृत्यु पावे खातीर। काशी ही अइसन जगह ह जहवां मोक्ष हासिल करल आसान बा।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here