अमिताभ बच्चन के दरियादिली , बिहार बाढ़ त्रासदी खातिर सौंपलन 51 लाख के चेक

0
537
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

बिहार के बाढ़ त्रासदी के बाद पीड़ितों के मदद खातिर बॉलिवुड स्टार अमिताभ बच्चन  भी सामने आइल बाड़न| मुख्यमंत्री राहत कोष में 51 लाख रुपया देले बाड़न|आपन प्रतिनिधि विजयनाथ मिश्र के माध्यम से उ बिहार के उपमुख्यमंत्री सुशील मोदी के चेक सौंपलन| एकरा साथे सीनियर बच्चन बिहार के सीएम नीतीश कुमार के नाम एगो चिट्ठी भी लिखलन, जेकरा के उनकर प्रतिनिधि सुशील मोदी के सौंपले बा|  

amitabhअमिताभ बच्चन इ चिट्ठी बिहार के सीएम नीतीश कुमार के नाम पर लिखले बाड़न| इ चिट्ठी में बच्चन लिखलन कि बिहार में आईल प्राकृतिक आपदा के कारण हम काफी आहत बानी, जेकर भी जीवन इ आपदा से प्रभावित भईल बा उनकरा प्रति हम आपन संवेदना प्रकट कर रहल बानी| सीनियर बच्चन बिहार में मानव जीवन सही तरीके से बहाल हो सके एकरा खातिर 51 लाख के चेक मुख्यमंत्री राहत कोष में सौंपले बानी|

AMITABH HELP TO BIHARबता दीहीं कि हाले में बिहार के राजधानी पटना बारिश के कारण पानी-पानी हो गईल रहल| कई इलाका में जलजमाव के स्थिति उत्पन्न हो गईल रहल| पटना के राजेंद्र नगर अउर कंकड़बाग कॉलोनी सबसे ज्यादा प्रभावित रहल|

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here