जब पब्लिक खुद कर्फ़्यू लगा देत रहे

0
906
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

80 के दशक के आखिर में रामायण के अइसन जादू रहे कि जब एकर प्रसारण होखे तब पूरा सड़क खाली हो जाए। गली-गली सुनसान हो जाए अउरी लोग घर में एह ऐहतिहासिक सीरियल के देखे खातिर जुट जाए। हालांकि, ओह समय केहू-केहू के घर में ही टीवी होत रहे। अब एतना साल बाद भारत के ज्यादातर घर में टीवी बा। त का एह समय में लोग ई सीरियल के देखे खातिर अपना घर में रह सकता?

कोरोना के चलते पूरा देश में 21 दिन के लॉकडाउन लागल बा। एह परिस्थिति में लोग खातिर टाइम बितावल मुश्किल साबित हो रहल बा। लेकिन आज से एक बार फेरु दूरदर्शन पर रामानंद सागर के रामायण के प्रसारण सुरु हो गईल।

काल्ह केंद्रीय मंत्री प्रकाश जावड़ेकर ट्वीट कर के लोग के ई खुशखबरी देहलन। ऊ ट्वीट कइलन कि- “जनता की मांग पर कल शनिवार 28 मार्च से ‘रामायण’ का प्रसारण पुनः दूरदर्शन के नेशनल चैनल पर शुरू होगा. पहला एपिसोड सुबह 9.00 बजे और दूसरा एपिसोड रात 9.00 बजे होगा.” आज अलग अलग जगह से लोग सूचित कईल कि परिवार के साथे सभे ई पौराणिक सीरियल के देखल ह लोग।

ई अटकले त लंबा समय से लगावल जात रहे कि दूरर्दशन पर रामायण अउर महाभारत के प्रसारण कईल जाई।अब काल्ह सरकार ई बात पर मुहर भी लगा देहलस. रामानंद सागर के रामायण हर मायने में ऐतिहासिक रहल. शो के हर किरदार अमर हो गईल। लोग ई शो के एतना प्यार देहल कि एकरा बाद कई बेर रामायण बनावल गईल, लेकिन वइसन अनुभव कबो ना भईल जे रामानंद सागर के रामायण के देख के होत रहे।

सीरियल के कलाकारन के भगवान मानत रहे लोग

लोग सीरीयल में काम करे वाला कलाकार अरुण गोविल (राम के भूमिका निभावे वाला) अउरी दीपिका (सीता के भूमिका निभावे वालीं) के भगवान जइसन पूजत रहे। कई मौका पर एह सीरियल में काम करे वाला कलाकार लोग एह बारे में बता चुकल बा।

कोरोना वायरस के मारे खातिर दूरदर्शन छोड़लस ‘राम-बाण’

देश में कोरोना वायरस के संक्रमण के बढ़त खतरा के बीच दूरदर्शन आपन रामबाण चलवले बा। दूरदर्शन 80 के दशक के आखिर में प्रसारित मशहूर सीरियल रामायण के देखाई। आज सुबह 9 बजे पहिला एपिसोड प्रसारित कईल गईल। सरकार के ई कदम के कोरोना से बचाव अजरी सोशल डिस्टेंसिंग से जोड़के देखल जा रहल बा।

लेकिन सोचे वाला बात ई बा कि तब अउरी अब के बीच समय काफी बीत चुकल बा।आज जहां सिरीज़ अउरी ऑनलाइन फिलिम के ज़माना बा। जहां जब जवन सीरियल आदमी चाहे देख सकताs वह समय मे का रामायण देखावे के ई कदम सार्थक होई?

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here