“इंटरनेशनल लिट्टी चोखा”….. जे खईलस कईलस ना धोखा

0
775
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

लिट्टी चोखा के जादु कुछ अइसन चलल कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी भी एकर स्वाद लेवे से अपना के रोक ना पवलें। राजपथ के लॉन में आयोजित हुनर हाट में जब प्रधानमंत्री पहुचनीं तब बिहार के लिट्टी चोखा उनके मन के खूब भाईल. रउआ सभे जानते बानी कि बिहार के लिट्टी चोखा सब केहु के भावेला. जेकरा बिना बिहार के पहचान अधूरा बा. जइसे एगो बिहारी सब पर भारी पड़ेला ओसही लिट्टी चोखा भी स्वाद के मामला में हुनर हाट में आपन पइठ बनावे में कामयाब हो गईल. प्रधानमंत्री के स्टॉल पर जइला के बाद खबर एह कदर फइलल कि हर कोई लिट्टी चोखा के स्वाद लेवे खातिर बेचैन हो गईल. अइसही लिट्टी चोखा के इंटरनेशनल ना कहल जाला. देखे में छोट अउर साधारण लागेवाला इ लिट्टी स्वाद में बड़ा निमन लागेला.

बिहारी लिट्टी चोखा
बिहारी लिट्टी चोखा

 

बुढ़े बच्चन अउर जवान से लेके हर कोई एकर स्वाद के चटखारा लेवत नजंर आइल. एही कारण रहे कि जवना लिट्टी चोखा के दाम पहिले सत्तर रूपया रहे ओकरे दाम बढ़ा के दुकानदार सौ रूपया कर देहले जब ओह दुकान पर मोदी जी खटिया पर बईठ के लिट्टी चोखा के आनंद ले लिहले।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी दिल्ली में चल रहल ‘हुनर हाट’ में आयेजित जवन शख्स के स्टॉल पर लिट्टी चोखा खईले रहनीं उ शख्स के नाम रंजन राज रहल, रंजन राज पटना के रहे वाला बाड़न। साथ ही रंजन राज ‘हुनर हाट’ के आयोजन करावे के खातिर केंद्रीय मंत्री मुख्तार अब्बास नकवी के शुक्रिया कहले।

 

 

एतना ही ना पीएम मोदी के लिट्टी चोखा खाये के बाद एक तरफ परिजन से मिले वाला बधाई त उहे दूसरे तरफ लिट्टी-चोखा खाये खातिर आवे वाला लोग के संख्या के देखके स्टॉल संचालक रंजन राज गदगद हो गईल. पीएम मोदी के लिट्टी चोखा खइला के चलते रंजन रोतों रात स्टार बल गइलें अउर लोग उनका संगे सेल्फी लेवे खातीर ताता लगा दिहलें.

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here