लालू-स्टाइल में तेजू के कुर्ताफाड़ होली देख राबड़ी भईली भावुक

बिना हेलमेट के, बुलेट पर दनदनात, कुर्ताफाड़ होली खेलत, होरी गावत, लालू-स्टाइल में जब तेज प्रताप यादव हुडदंग करत राबड़ी देवी के लगे पहुँचलन तब का भइल?

0
845
Want create site? Find Free WordPress Themes and plugins.

बिना हेलमेट के, बुलेट पर दनदनात, कुर्ताफाड़ होली खेलत, होरी गावत, लालू-स्टाइल में जब तेज प्रताप यादव हुडदंग करत राबड़ी देवी के लगे पहुँचलन तब का भइल?

राष्‍ट्रीय जनता दल सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव के बेटा तेजप्रताप यादव अपना अनोखा अंदाज खातिर जानल जाले। कबो कृष्ण अवतार में दिखाई देलन त कबो शंकर अवतार में. कभी बांसुरी बजावे लागेलन त कभी गाय चरावे लागेलन। तेज प्रताप यादव अपना पिता लालू प्रसाद के कॉपी भी खूब करेलन। कुछ अइसने नजारा होली में तब देखे के मिलल जब ऊ लालू के अंदाज में ‘कुर्ताफाड़ होली’ खेललन. एतने ना, होली ना मनावे खातिर तेजप्रताप, मुख्‍यमंत्री नीतीश कुमार के आड़े हाथों लेह्लन। बाद में लगे हाथ नीतीश कुमार के ‘चच्‍चा’ कहके  संबोधित करत होली के बधाई भी तेजू दे देहलन।

एकरा बाद तेजप्रताप एकदम स्टाइल में बिना हेल्मेट लगवले बुलेट बाइक से अपना मां राबड़ी देवी के सरकारी आवास पर उनुकर आशीर्वाद लेवे गइलन। लालू-स्टाइल में अपना बेटा के देख के राबडी देवी के आँख भर गइल अउरी उहां एक पल अइसनो आइल जब राबड़ी देवी भावुक होके रो देहली।

तेज प्रताप यादव खेललन लालू स्‍टाइल में होली

एक जमाना रहे, जब आरजेडी सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव के ‘कुर्ताफाड़ होली’ के चर्चा रहे। अपना पार्टी के लोग के साथे, रंग-अबीर उडावत, ढोलक बजावत लालू यादव के होली अपनाआप में देखेवाला होत रहे। लालू यादव के जेल में रहे के कारण तीन साल से वइसन होली नइखे होत, लेकिन एह साल लालू के बेटा तेजप्रताप यादव अपना सरकारी आवास पर अपना समर्थक अउरी दोस्‍तन के साथे लालू स्‍टाइल (Lalu Style) में जमकर ‘कुर्ताफाड़ होली’ खेललन। इतने ना अपना पिता लालु यादव जइसन तेजप्रताप होरी-गीत भी रस लेके गवलन।

मीडिया से बातचीत में एह मौक़ा पर तेजप्रताप कहलन कि “ऊ पिता के कुर्ताफाड़ परंपरा के आगे बढ़ा रहल बाड़न।“ तेज प्रताप ईहो कहलन कि “होली में ऊ भाई तेजस्‍वी के मिस कर रहल बाड़न।“ तजस्वी अभी दिल्‍ली में बाड़न। तेज प्रताप यादव होली खेले के बाद मां राबड़ी देवी से आशीर्वाद लेवे जाए के बात भी कहलन।

बात बिहार के सियासी होली के हो अउरी आरजेडी सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव के होली याद न आए ई नइखे हो सकत लेकिन अफ़सोस पिछला तीन साल से ऊ अद्भुत होली बंद बा। राष्‍ट्रीय जनता दल सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव फेम कुर्ताफाड़ होली उनके जेल में रहे के कारण लगातार तीसरा साल ना मनावल गइल। एगो वक्त रहे जब होली के दिन लालू अपना ठेठ गंवई अंदाज में ढोलक लेके बइठस अउरी फाग गायन के दौर चले। एह दौरान लालू के प्रांगण में छोट-बड़ के भेद मिट जात रहे अउरी लालू अपना ख़ास अंदाज में सब केहू से कनेक्ट करस। लालू के होली पर देस का, बिदेस तक के लोग के नज़र रहे। आम से लेके खास तक, सब के कपड़ा फाडल जाए। होली में रंग से सराबोर अपना फाटल कुर्ता में लालू के अंदाज गज़ब ढात रहे। लालू खुद ढोल-मंजीरा लेके नेता-कार्यकर्ता लोग के साथे दरवाजा पर फाग गाए बइठ जास। राबड़ी देवी भी एमे सबके साथ देत रहली। लालू यादव के होली खातिर लोग सुबह सात बजे से ही उनुकर आवास पर पहुंचे लागे। फाग के बीच रंग के दौर भी चले। दोपहर तक कुर्ताफाड़ होली शुरू हो जाए। नेता अउरी कार्यकर्ता के भेद मिट जाए। लोग लालू यादव के कुर्ता भी फाड़ देवे। गोशाला के गोबर अउरी कीचड़ से होली के नया दौर चले। अपराह्न दो बजे के बाद शुरू होखे अबीर-गुलाल अउरी होली गायन। होली के लोक गीतन के बीच लालू यादव खुद ढोल बजावस।

लालू यादव के चारा घोटाला में रांची के जेल में सजा अउरी एह दौरान बीमार होके रिम्‍स (अस्‍पताल) में भर्ती होखे के कारण तीन साल से वइसन होली नइखे मनावल जात लेकिन उनुकर कुर्ताफाड़ होली के आरजेडी नेता-कार्यकर्ता आजो याद करेला। लालू प्रसाद यादव के जेल गइल अउरी उनके पक्ष-विपक्ष में राजनीति के हटा देहल जाव त बिहार में उनुकर होली लाजवाब रहे अउरी ई बात उनुकर विरोधी लोग भी स्वीकार करेला। जब भी बिहार के सियासी होली के बात होला लालू के होली बरबस याद आ जाला।

Did you find apk for android? You can find new Free Android Games and apps.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here